होलिका

विकिपीडिया से
होलिका
जानकारी
परिवारकश्यप (बाप)
दिति (महतारी)
हिरण्यकश्यप (भाई)

होलिका हिंदू कथा में बर्णित एक ठो राक्षसी रहली जिनके दहन (जरवले) के घटना हिंदू तिहवार होली से जुड़ल बा। होलिका राक्षस राजा हिरण्यकश्यप के बहिन आ बिष्णु के भक्त प्रह्लाद के फूआ रहली। कथा के मोताबिक, होलिका के आगि से ना जरे के बरदान मिलल रहल। प्रहलाद बिष्णु के भक्त रहलें आ एही बात से नराज हिरण्यकश्यप अपनी बहिन होलिका से प्रहलाद के गोदी में ले के आगि में बइठ जाए के कहलें; बाकी बिष्णु के परभाव से होलिका जर गइली आ प्रहलाद बच गइलें।

एही उपलक्ष में होली के तिहुआर मनावे के कारण के रूप में देखल जाला।

कथा[संपादन करीं]

बिष्णु के नरसिंह अवतार के मूर्ती, हिरण्यकश्यप के बध के दृश्य।

हिरण्यकश्यप आ प्रहलाद के कथा भागवत पुराण में मिले ला।[1][2][3] कथा के मोताबिक हिरण्यकश्यप एक ठो असुर राजा रहलें। उनके भारी तपस्या के बाद ब्रह्मा से बरदान मिलल रहल की ऊ ना त केहू आदमी द्वारा मारल जइहें, ना जानवर द्वारा; ना जमीन पर ना आकास या पानी में; ना दिन में न रात में; न घर में ना बाहर; न अस्त्र (हाथ में ले के चलावल जाए वाला हथियार से न शस्त्र से आ एही कारण ऊ अपना के अमर मान के लोग पर अत्याचार करे लगलें। उनके लड़िका प्रहलाद, भक्त सुभाव के आ नीक बिचार के रहलें। प्रहलाद बिष्णु के भक्त रहलें आ एह बात से हिरण्यकश्यप के नाराजगी रहल।

प्रहलाद के मारे के कई बेर कोसिस करे के बाद ई तरीका निकालल गइल की प्रहलाद के फूआ होलिका उनके गोदी में ले के आगि में बइठ जायँ काहें की उनके आगि में ना जरे क बरदान रहल।

बाकी भइल एकर उलटा। बिष्णु के परभाव से होलिका खुद जर गइली आ प्रहलाद बच गइलेन।

होलिका दहन[संपादन करीं]

बाद के परंपरा में सम्मत फूँकल, जेकरा के भारत के ज्यादातर हिस्सा में होलिका दहन कहल जाला, एह कथा से जोड़ल जाला।[4]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]


संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Holi: Splashed with colors of friendship Hinduism Today, Hawaii (2011)
  2. Constance Jones, Holi, in J Gordon Melton (Editor), Religious Celebrations: An Encyclopedia of Holidays Festivals Solemn Observances and Spiritual Commemorations, ISBN 978-1598842067
  3. Wendy Doniger (Editor), Merriam-Webster's Encyclopedia of World Religions, जनवरी 2000, ISBN 978-0877790440, Merriam-Webster, page 455
  4. "The Evening of Bonfires,Holi Bonfire,Holi Bonfire Celebrations". Holifestival.org. Retrieved 2017-03-08.