रामनउमी
| रामनउमी | |
|---|---|
महाराष्ट्र के एगो मंदिर में राम के बाल रूप में अस्थापित मुर्ती | |
| प्रकार | हिंदू |
| महत्त्व | राम के जनम दिन |
| मनावे के तरीका | चइत के नवरातर के अंतिम दिन |
| Observances | पूजा, व्रत (व्रत), रामायण कथा पाठ, हवन, दाना (दान), संगीत महोत्सव |
| समय | चइत के महीना के अँजोर में नउमी तिथी के |
| 2025 तारीख | 6 अप्रैल (अतवार)[1] |
| केतना बेर | सालाना |
रामनउमी चाहे राम नउमी ((हिंदी: राम नवमी)) हिंदू लोगन के एगो तिहुआर हवे जे चइत के महीना के अँजोर में नउमी तिथी के मनावल जाला। मानल जाला कि एही दिने श्री राम के जनम भइल रहे जे हिंदू धर्म में, खासकर के वैष्णव शाखा में, भगवान विष्णु के अवतार मानल जालें। एही दिने चइत के नवरातरो के समापन होला।
राम नउमी के पूजा
[संपादन करीं]राम नउमी के परब के महत्व हिंदू धार्मिक परंपरा में महत्वपूर्ण रहल बा। एह परब के साथे-साथ माँ दुर्गा के नवरातरो समाप्त हो जाला। हिंदू धर्म में राम नउमी के दिन पूजा कइल जाला। राम नवमी के पूजा में पहिले देवता लोग के पानी, रोली आ लेप चढ़ावल जाला, ओकरा बाद मूर्तियन के अच्छत चढ़ावल जाला। पूजा के बाद आरती कइल जाला। कुछ लोग एह दिन उपासो रखेला।[2]
महत्व
[संपादन करीं]भारत में ई परब श्रद्धा आ विश्वास के साथे मनावल जाला। चैत्र नवरातरो राम नउमी के दिन खतम हो जाला। हिंदू धार्मिक शास्त्रन के अनुसार भगवान श्री राम के जनम एही दिन भइल रहे, एही से भक्त लोग एह शुभ तिथि के राम नवमी के रूप में मनावेला आ पवित्र नदी में नहान क के पुन्य में भाग लेला।
संदर्भ
[संपादन करीं]| ई हिंदू धर्म-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |