वेदांत
Jump to navigation
Jump to search
वेदांत भा उत्तर मीमांसा भारतीय दर्शन के छह गो आस्तिक दर्शन सभ (षडदर्शन) में गिनल जाए वाला एगो दर्शन हवे। वेदांत के शाब्दिक अरथ हवे 'वेद के अंत'। अइसन नाँव के मतलब ई हवे की ई दर्शन उपनिषद् सभ के चिंतन पर आधारित होखे वाला दर्शन के रूप में देखल जाला। वास्तव में ई एक ठो दर्शनों ना हवे बलुक एगो बड़हन नाँव हवे जेह में कई गो बिचार सामिल बाड़े। एह सभ में द्वैत आ अद्वैत दुनो किसिम के बिचार सभ बाड़ें। इनहन के आधार के रूप में प्रस्थानत्रयी के देखल जाला - मने कि उपनिषद, ब्रह्म सूत्र आ भगवद्गीता।
![]() | ई हिंदू धर्म-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |