Jump to content

ईश्वर

विकिपीडिया से

ईश्वर (भोजपुरी में ईसर भा ईस्सर) हिंदू धर्म में कई अर्थ में परयोग होखल बा आ एकर बिबिध अरथ समय आ संदर्भ के अनुसार अलग-अलग मिलेला। कुछ प्राचीन जगह पर ई सबसे ऊँच सत्ता, ब्रह्म भा परमेसर के खातिर प्रयोग भइल बा; बीच के काल में कहीं भगवान खातिर आ बाद समय में देवता, मालिक, पति या राजा खातिर भी ईश्वर शब्द के प्रयोग भइल बा।