करवा चौथ
Appearance
| करवा चौथ | |
|---|---|
तिहुआर के रिवाज अनुसार चलनी से चान देखत औरत लोग | |
| अन्य नाँव | करवा चउथ, करकचतुर्थी |
| मनावे वाला | एह्वातिन औरत लोग, कबो काल्ह बिना बियहलो लड़िकी लोगन द्वारा[1] |
| प्रकार | हिंदू धर्म |
| मनावे के तरीका | पूजा |
| Observances | एहवाती औरतन द्वारा निर्जला ब्रत, कथा आ पूजा |
| समय | मास (महिन्ना) (अमांत) / मास (महिन्ना) (पूर्णिमांत), पक्ष (पाख), तिथि (तिथी) |
| 2025 तारीख | 10 अक्टूबर (शुक) |
करवा चौथ (करक चतुर्थी) एगो हिंदू तिहुआर ह जे मुख्य रूप से पच्छिमी आ उत्तरी भारत में औरत लोग अपना पति खातिर बरत राख के आ पूजा क के मनावे ला। ई कातिक महीना के अन्हरिया पाख के चउथ तिथी के मनावल जाला। औरत लोग एह दौरान सुरुज उगे से ले के चंद्रमा के उगे तक ले निर्जला ब्रत रहे ला आ साँझ बेर चंद्रमा के पूजा क के, कथा बाँच के आ चंद्रमा के दर्शन क के ब्रत तूरे ला।
ई तिहुआर, बाकी बहुत सारा हिंदू तिहुआर सभ मतिन, चंद्र-सुरुज आधारित कलेंडर के तिथि के हिसाब से पड़े ला। कातिक महीना के अन्हार पाख के चउथ तिथि के मनावल जाला जे अंग्रेजी कलेंडर के हिसाब से घसकत रहे ला आ आमतौर प अक्टूबर चाहे नवंबर के महिन्ना में पड़े ला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Sohindar Singh Waṇajara Bedi (1971), Folklore of the Punjab, National Book Trust,
... Sometimes even unmarried girls observe this fast and pray for their wife-to-be ...