मकर संक्रांति

विकिपीडिया से
सीधे इहाँ जाईं: नेविगेशन, खोजीं

मकर संक्रान्ति हिन्दु लोगन  क प्रमुख पर्व ह। मकर संक्रान्ति पूरा भारत और नेपाल में कौनों न कौनों रूप में मनावल जाला। पौष मास में जब सूरज मकर राशि में आवेला तबे इ  पर्व  मनावल जाला। इ त्योहार जनवरी महिना की चौदहवां या पन्द्रहवां दिनें पड़ेला काहेंकि एही दिन के सूर्य धनु राशि के छोड़के मकर राशि में प्रवेश करेला।[1][2] मकर संक्रान्ति की दिन से ही सूर्य क  उत्तरायण गति भी शुरू हो जाला। एहीसे ए पर्व के कहीं-कहीं उत्तरायणी भी कहल जाला। तमिलनाडु में एके पोंगल नामक उत्सव की रूप में मनावल जाला जबकि कर्नाटक, केरल तथा आंध्र प्रदेश में एके खाली संक्रांति ही कहल जाला।[3]

मकर संक्रान्ति क अलग-अलग रूप[संपादन]

इ भारतवर्ष तथा नेपाल की सब प्रान्तन में अलग-अलग नांव व भाँति-भाँति की रीति-रिवाज द्वारा भक्ति एवं उत्साह की साथ धूमधाम से मनावल जाला।

भारत में एकर अलग अलग नांव[संपादन]

  • मकरसंक्रान्ति : छत्तीसगढ़, गोआ, ओड़ीसा, हरियाणा, बिहार, झारखण्ड, आंध्रप्रदेश, तेलंगाना, कर्नाटक, केरल, मध्यप्रदेश, महाराष्ट्र, मणिपुर, राजस्थान, सिक्किम, उत्तर प्रदेश, उत्तराखण्ड, बिहार, पश्चिम बंगाल, और जम्मू
  • ताइ पोंगल, उझवर तिरुनल : तमिलनाडु
  • उत्तरायण : गुजरात, उत्तराखण्ड
  • माघी : हरियाणा, हिमाचल प्रदेश, पंजाब
  • भोगाली बिहु : असम
  • शिशुर सेंक्रात : कश्मीर घाटी
  • खिचड़ी : उत्तर प्रदेश और पश्चिमी बिहार
  • पौष संक्रान्ति : पश्चिम बंगाल
  • मकर संक्रमण : कर्नाटक

भारत में मकर संक्रान्ति[संपादन]

सम्पूर्ण भारत में मकर संक्रान्ति अलग-अलग रूप में मनावल जाला। विभिन्न प्रान्त में ए त्योहार के मनवले क जेतना अधिक रूप प्रचलित बा ओतना कौनों अन्य पर्व में नइखे।

इहो देखल जाय[संपादन]

संदर्भ[संपादन]

  1. Kamal Kumar Tumuluru (2015); Hindu Prayers, Gods and Festivals; Partridge; p. 30; ISBN 978-1-4828-4707-9. 
  2. J. Gordon Melton (2011); Religious Celebrations: An Encyclopedia of Holidays, Festivals, Solemn Observances, and Spiritual Commemorations; ABC-CLIO; pp. 547–548; ISBN 978-1-59884-205-0. , Quote: "Makar Sankranti is a festival held across India, under a variety of names, to honor the god of the sun, Surya."
  3. http://www.drikpanchang.com/sankranti/makar-sankranti-date-time.html