Jump to content

जनवरी

विकिपीडिया से
123
45678910
11121314151617
18192021222324
25262728293031

जनवरी जूलियन अउरी ग्रेगरियन कैलेंडर के पहिला महीना ह। ई पृथिवी के उत्तरी गोलार्ध में जाड़ा के सीजन के दुसरा महीना होला आ सभसे ठंढा महीना होखे ला; एकरा बिपरीत दक्खिनी गोलार्ध में ई गर्मी के दुसरा महीना होला आ सभसे गरम महीना होला।

पहिली जनवरी के दुनियाँ भर के बहुत सारा देसन में नया साल के उपलक्ष में न्यू इयर्स डे मनावल जाला। प्रमुख भारतीय तिहुआर खिचड़ी 14 जनवरी के आ भारत के गणतंत्र दिवस 26 जनवरी के पड़े ला। महात्मा गांधी के हत्या 30 जनवरी के भइल रहल जेकरा के शहीदी दिवस के रूप में मनावल जाला।

जनवरी एह महीना के नाँव के अंग्रेजी भाषा से देवनागरी लिपि में बदलाव हवे। भोजपुरी इलाका में एकर उच्चारण जनौरी चाहे जनउरी भी होखे ला। मूल अंग्रेजी में एकर उच्चारण जॅन्युअरी चाहे जैन्युअरी होखे ला।

अंग्रेजी के शब्द के मूल लातीनी (लैटिन) भाषा के आइनारियस शब्द हवे; रोमन कथा सभ के देवता जॉनस चाहे आयनस के नाँव के आधार पर जे शुरुआत आ बदलाव के देवता हवे।[1]

अउरी दूसर महत्व के दिन

[संपादन करीं]

अउरी जानकारी

[संपादन करीं]
  1. "Why does the year start on January 1". Britannica. Archived from the original on 6 September 2019. Retrieved 6 September 2019.