महीना

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search

महीना भा महिन्ना समय के नापे के एगो इकाई हवे जे साल से छोट होला आ हप्ता भा पाख से बड़ होला। जादेतर कैलेंडर सभ में एक साल के बारह हिस्सा में बाँटल जाला आ इनहन के महीना कहल जाला। एक चंद्रमा के गती से संबंध हवे आ एक पुर्नवासी से अगिला पुर्नवासी के समय के महीना मानल जाला। फ़ारसी में माह माने चंद्रमा होला आ संस्कृत के पुरान रूप चन्द्रमस से मास भा माह निकसल हवे, एही से चंद्रमा के एक चक्कर के माह, महीना, मास नाँव दिहल गइल बा।

एक वर्ष में बारह गो महिना होला।

  • हिन्दु पंचांग के बारह महिना:-
क्रम सं महिना के नाम
1 चैत्र
2 बैशाख
3 जेठ
4 आषाढ़
5 श्रावण
6 भाद्र
7 आश्विन
8 कार्तिक
9 मार्गशिष
10 पौष
11 माघ
12 फाल्गुन
क्रम सं महिना के नाम
1 जनवरी
2 फरवरी
3 मार्च
4 अप्रिल
5 मई
6 जुन
7 जुलाई
8 अगस्त
9 सितम्बर
10 अक्टुबर
11 नवम्बर
12 दिसम्बर