एशिया
![]() | |
क्षेत्रफल | 44,579,000 किमी2 (17,212,000 वर्ग मील)[1] |
---|---|
जनसंख्या | 4,164,252,000 (नंबर 1)[2] |
जनघनत्व | 87/किमी2 (225/वर्ग मील) |
निवासी-नाँव | एशियाई |
देस सभ | 48 यूएन सदस्य 6 अन्य |
निर्भर राज्यक्षेत्र | |
गैर-यूएन राज्य | |
इंटरनेट टीएलडी | .asia |
बड़हन शहर |
एशिया (i/ˈeɪʒə, ˈeɪʃə/) धरती के सभसे बड़हन आ सभसे ढेर जनसंख्या वाला महादीप हऽ, मुख्य रूप से उत्तरी आ पूरबी गोलार्धन में पड़े ला, यूरोप के साथे मिल के दुनो के यूरेशिया कहल जाला आ अफिरका के साथे मिला के बनल क्षेत्र एफ्रो-एशिया के नाँव से जानल जाला। एशिया के कुल क्षेत्र बिस्तार 44,579,000 वर्ग किलोमीटर (17,212,000 वर्ग मील) बा जे पृथ्वी के कुल जमीनी हिस्सा के लगभग 30% हिस्सा बा आ पूरा धरती के सतह के क्षेत्रफल के 8.7% बाटे। ई महादीप, बहुत पुराना समय से मानवीय जनसंख्या के निवास अस्थान रहल बा,[3] आ दुनिया के कई गो सुरुआती सभ्यता सभ के जनमभूँइ हवे। ई महादीप खाली अपना बड़हन बिस्तार आ ढेर खा जनसंख्ये खातिर ना जानल जाला बलुक इहाँ कई गो बहुत घन बसल इलाका भी बाने आ कई गो बिसाल इलाका जहाँ बहुत बिरल जनसंख्या बसाव बाटे। एशिया के कुल जनसंख्या लगभग 4.4 बिलियन बाटे।
एकरा बिसाल साइज आ बिस्तार के अउरी इहाँ मौजूद बिबिधता के धियान में राखल जाय तब एशिया के संकल्पना (कांसेप्ट) — मने कि एगो नाँव जे पुराना जमाना से चलन में बा — वास्तव में मानव भूगोल के संकल्पना ढेर बुझाला, न कि भौतिक भूगोल के।[4] एशिया अपना भूगोलीय क्षेत्र सभ के स्तर पर जातीय समूह, संस्कृति, पर्यावरण, अर्थब्यवस्था, इतिहासी संबंध आ शासन के सिस्टम सभ के मामिला में बहुते बिबिधता वाला महादीप ह। इहाँ के जलवायु में भी बहुते भारी बिबिधता बा, जहाँ एक ओर मध्य पूरब के इलाका बा जे गरमी में खूब गरम प्रदेश हो जाला तहाँ महादीपीय जलवायु के नमूना के रूप में साइबेरिया भी बा जहाँ जाड़ा में तापमान बहुते नीचे गिर जाला।
भूगोल आ जलवायु[संपादन]

एशिया पृथ्वी के सभसे बड़हन महादीप हवे। पृथ्वी के सतह के 8.8% भाग (या कुल जमीनी हिस्सा के 30% भाग) पर एकर बिस्तार बा, आ एकर लगभग 62,800 किलोमीटर (39,022 मील) के समुंद्री तटरेखा (कोस्टलाइन) सगरी महादीपन में सभसे लमहर बा। एशिया के परिभाषा दिहल जाला कि ई यूरेशिया के अइसन हिस्सा हवे जे यूराल परबत के पूरब में बा। वास्तव में ई परंपरागत सीमा हवे, एशिया यूरेशिया के कुल इलाका के पाँच हिस्सा में से चार हिस्सा भर के इलाका हऽ आ यूराल परबत आ स्वज नहर के पूरब आ काला सागर, काकेशस परबर आ कैस्पियन सागर के दक्खिन के हिस्सा एशिया महादीप मानल जाला।[5][6] एकरे पूरुब में प्रशांत महासागर, दक्खिन में हिंद महासागर आ उत्तर में आर्कटिक महासागर बा। एह महादीप में कुल 48 देस बाने, इनहन में से तीन गो (रूस, कजाकिस्तान आ तुर्की) के कुछ जमीनी हिस्सा यूरोप महादीप में भी पड़े ला।
फोटो गैलरी[संपादन]
संदर्भ[संपादन]
- ↑ National Geographic Family Reference Atlas of the World. Washington, D.C.: नेशनल ज्योग्राफिक सोसायटी (यू. एस.). 2006. प. 264.
- ↑ "Continents of the World". The List. Worldatlas.com. ओरिजनल से 22 July 2011 के पुरालेखित. पहुँचतिथी 25 July 2011. Unknown parameter
|deadurl=
ignored (मदद) - ↑ "The World at Six Billion". UN Population Division. ओरिजनल से 5 मार्च 2016 के पुरालेखित. Unknown parameter
|deadurl=
ignored (मदद), Table 2 - ↑ "Asia". AccessScience. McGraw-Hill. ओरिजनल से 27 November 2011 के पुरालेखित. पहुँचतिथी 26 जुलाई 2011. Unknown parameter
|deadurl=
ignored (मदद) - ↑ उद्धरण खराबी:Invalid
<ref>
tag; no text was provided for refs namedReferenceA
- ↑ "Asia". Encyclopædia Britannica Online. Chicago: Encyclopædia Britannica, Inc. 2006.
![]() | ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |