लाहौर

विकिपीडिया से
लाहौर
Nicknames: 
लाहौर is located in Punjab, Pakistan
लाहौर
लाहौर
पाकिस्तान में लोकेशन
लाहौर is located in Pakistan
लाहौर
लाहौर
लाहौर (Pakistan)
लाहौर is located in एशिया
लाहौर
लाहौर
लाहौर (एशिया)
Coordinates: 31°32′59″N 74°20′37″E / 31.54972°N 74.34361°E / 31.54972; 74.34361निर्देशांक: 31°32′59″N 74°20′37″E / 31.54972°N 74.34361°E / 31.54972; 74.34361
देसपाकिस्तान
प्रांतपंजाब
जिलालाहौर
मेट्रो शहर2013
Area
 • Total550 किमी2 (210 बर्ग मील)
Elevation
217 m (712 ft)
Population
 (2017)[3]
 • Total11,126,285
 • Density202,048/किमी2 (523,300/बर्ग मील)
Time zoneUTC+5 (पीकेटी)
डाक कोड
54000
फोन कोड042

लाहौर (पंजाबी: لہور; उर्दू: لاہور) पाकिस्तान के पंजाब प्रांत के राजधानी हवे। जनसंख्या के हिसाब से ई कराची के बाद पाकिस्तान के दुसरका सभसे बड़हन शहर हवे।[3] पाकिस्तानी पंजाब के उत्तरी-पूरबी हिस्सा में, भारत देस के पंजाब प्रांत के सीमा के लगहीं ई शहर बसल बाटे। लाहौर के गिनती दुनिया के बीटा-सिटी सभ में होला,[4] आ ई पाकिस्तान के सभसे धनी शहर सभ में आवे ला जहाँ के जीडीपी 2014 के अनुमान $58.14 बिलियन (PPP पर) रहल।[5]

लाहौर के पंजाब क्षेत्र के सांकृतिक राजधानी के रूप में जानल जाला,[6][7][8] आ दुनिया के सभसे बड़हन पंजाबी शहर हवे।[9] शहर के लमहर इतिहास बा आ ई हिंदू शाही, गजनवी, गोरी आ दिल्ली सल्तनत के शासन में रहल बा। मुगल काल में ई अपना चरम पर चहुँपल आ कई बरिस ले राजधानी भी रहल। एकरे बाद एह पर नादिर शाह के कब्जा हो गइल। कई ताकतन के बीच में संघर्ष जारी रहल आ ई शहर सिख साम्राज्य के राजधानी भी बनल। अंग्रेजी राज में ई पंजाब प्रांत के राजधानी बनावल गइल।[10] भारत आ पाकिस्तान के आजादी के लड़ाई में लाहौर शहर एगो प्रमुख केंद्र रहल आ पाकिस्तान के अलगा देस बनावे के प्रस्ताव लाहौरे में पास कइल गइल रहल। 1947 में पाकिस्तान बने के बाद लाहौर के पाकिस्तानी पंजाब के राजधानी बनावल गइल।

भूगोल[संपादन करीं]

लाहौर
Climate chart (explanation)
JFMAMJJASOND
 
 
23
 
 
20
7
 
 
29
 
 
22
9
 
 
41
 
 
26
11
 
 
20
 
 
29
14
 
 
22
 
 
31
17
 
 
36
 
 
34
19
 
 
202
 
 
36
20
 
 
164
 
 
35
20
 
 
61
 
 
33
19
 
 
12
 
 
29
14
 
 
4
 
 
24
12
 
 
14
 
 
21
9
Average max. and min. temperatures in °C
Precipitation totals in mm
Source: हांगकांग बेधशाला[11]

लाहौर के भूगोलीय लोकेशन 31°15′—31°45′ N आ 74°01′—74°39′ E पर बा आ एकरे उत्तर आ पुरुब में शेखूपुरा जिला, पुरुब में वाघा आ दक्खिन में कसूर जिला बाटे। रावी नदी एह शहर के उत्तर से बहे ले। शहर के कुल एरिया 404 वर्ग किलोमीटर (4.348619808×109 वर्ग फु) बाटे।

जलवायु[संपादन करीं]

लाहौर कुछ-सूखा जलवायु वाला इलाका (कोपेन के जलवायु बर्गीकरण में BSh) में पड़े ला। सभसे गरम महीना जून के होला जब औसत ऊपरी तापमान आराम से 40 °C (104.0 °F) के पार ले चहुँप जाला। मानसून के बरखा वाला सीजन जून के एकदम अंत में सुरू होखे ला आ सभसे नम महीना जुलाई के होला,[11] भारी बरखा, झंझावात आ बादर फाटे नियर घटना एही महिन्ना में होखे लीं। सभसे ठंढा महिन्ना जनवरी के होला आ एह महीना में कोहरा भी पड़े ला।[12]

शहर में अबतक के रिकार्ड हाई तापमान 48.3 °C (118.9 °F) बा जे 30 मई 1944 के दर्ज कइल गइल रहल।[13] 48 °C (118 °F) तापमान 10 जून 2007 के दर्ज भइल रहल।[14][15] चूँकि ई तापमान शेड में (छाहें) दर्ज कइल जाला, मौसम बिभाग के कहनाम रहल कि सीधे घाम में गर्मी के इंडेक्स 55 °C (131 °F) रहल होखी। सभसे कम रिकार्ड तापमान −1 °C (30 °F) 13 जनवरी 1967 के दर्ज कइल गइल।[16] सभसे ढेर बरखा, 24-घंटा के दौरान, 221 मिलीमीटर (8.7 इंच) 13 अगस्त 2008 के दर्ज कइल गइल।[17] एकरे अलावा 26 फरवरी 2011 के बरखा आ पाथर परे के घटना में 4.5 मिमी (0.015 फीट) जलपात भइल आ पहिली बेर हेतना पाथर दर्ज कइल गइल।[18][19]


Lahore (1961–1990) खातिर जलवायु आँकड़ा
महीना जन फर मार्च अप्रै मई जून जुला अग सित अक्टू नवं दिस सालभर
रिकार्ड अधिकतम °C (°F) 27.8
(82)
33.3
(91.9)
37.8
(100)
46.1
(115)
48.3
(118.9)
47.2
(117)
46.1
(115)
42.8
(109)
41.7
(107.1)
40.6
(105.1)
35.0
(95)
30.0
(86)
48.3
(118.9)
औसत अधिकतम °C (°F) 19.8
(67.6)
22.0
(71.6)
27.1
(80.8)
33.9
(93)
38.6
(101.5)
40.4
(104.7)
36.1
(97)
35.0
(95)
35.0
(95)
32.9
(91.2)
27.4
(81.3)
21.6
(70.9)
30.8
(87.4)
डेली औसत °C (°F) 12.8
(55)
15.4
(59.7)
20.5
(68.9)
26.8
(80.2)
31.2
(88.2)
33.9
(93)
31.5
(88.7)
30.7
(87.3)
29.7
(85.5)
25.6
(78.1)
19.5
(67.1)
14.2
(57.6)
24.32
(75.78)
औसत कम °C (°F) 5.9
(42.6)
8.9
(48)
14.0
(57.2)
19.6
(67.3)
23.7
(74.7)
27.4
(81.3)
26.9
(80.4)
26.4
(79.5)
24.4
(75.9)
18.2
(64.8)
11.6
(52.9)
6.8
(44.2)
17.8
(64)
रिकार्ड सबसे कम °C (°F) −2.2
(28)
0.0
(32)
2.8
(37)
10.0
(50)
14.0
(57.2)
18.0
(64.4)
20.0
(68)
19.0
(66.2)
16.7
(62.1)
8.3
(46.9)
1.7
(35.1)
−1.1
(30)
−2.2
(28)
औसत बरखा मिमी (इंच) 23.0
(0.906)
28.6
(1.126)
41.2
(1.622)
19.7
(0.776)
22.4
(0.882)
36.3
(1.429)
202.1
(7.957)
163.9
(6.453)
61.1
(2.406)
12.4
(0.488)
4.2
(0.165)
13.9
(0.547)
628.8
(24.757)
औसत माहवार दिन लंबाई 218.8 215.0 245.8 276.6 308.3 269.0 227.5 234.9 265.6 290.0 259.6 222.9 3,034
Source #1: NOAA (1961-1990) [20]
Source #2: PMD[21]


संदर्भ[संपादन करीं]

  1. लाहौर
  2. "Punjab Portal". Government of Punjab. Retrieved 7 July 2014.
  3. 3.0 3.1 "POPULATION OF MAJOR CITIES CENSUS – 2017 [PDF]" (PDF). Pakistan Bureau of Statistics. Archived from the original (PDF) on 2017-08-29. Retrieved अगस्त 30, 2017.
  4. "GaWC – The World According to GaWC 2016". lboro.ac.uk. 24 April 2017. Retrieved 30 April 2017.
  5. "Lahore Fact Sheet". Lloyd's. Retrieved 19 August 2016.
  6. Shelley, Fred (16 December 2014). The World's Population: An Encyclopedia of Critical Issues, Crises, and Ever-Growing Countries. ABC-CLIO. p. 356. ISBN 978-1-61069-506-0. Lahore is the historic center of the Punjab region of the northwestern portion of the Indian subcontinent
  7. Lahore Cantonment, globalsecurity.org
  8. "Internet Archive Wayback Machine". Web.archive.org. 22 April 2008. Archived from the original on 29 December 2008. Retrieved 16 September 2011. {{cite web}}: Cite uses generic title (help)
  9. "Pakistan Demographics Profile 2014". IndexMundi. जुलाई 2014.
  10. "Rising Lahore and reviving Pakistan – The Express Tribune". The Express Tribune (अमेरिकी अंग्रेजी में). 21 July 2013. Retrieved 16 June 2016.
  11. 11.0 11.1 "लाहौर के जलवायु औसत (नार्मल)". हांगकांग बेधशाला. Archived from the original on 2018-12-26. Retrieved 6 मई 2010.
  12. "Smoke not smog". 6 November 2016.
  13. "QUETTA". Pakmet.com.pk. Archived from the original on 16 July 2011. Retrieved 15 March 2011.
  14. "Highest temperature in 78 years: Four die as city sizzles at 48o C". Daily Times. 10 June 2007. Retrieved 15 March 2011.
  15. "Heatwave to persist for 4–5 days", The Dawn, 10 June 2007.
  16. [1] Archived 13 जून 2010 at the Wayback Machine
  17. [2] Archived 16 जुलाई 2011 at the Wayback Machine
  18. [3] Daily Times – Citizens cheer as hail turns city white
  19. "Lahore becomes Murree!". YouTube. Retrieved 15 मार्च 2011.
  20. "Lahore Climate Normals 1961-1990". नोवा. Retrieved 16 जनवरी 2013.
  21. "Extremes of Lahore". Pakistan Meteorological Department. Retrieved 2 फरवरी 2015.