सकल घरेलू उत्पाद

विकिपीडिया से
सीधे इहाँ जाईं: नेविगेशन, खोजीं
बिस्व के देस सभ के जीडीपी (नॉमिनल) के आधार पर नक्शा, आमेरिकी डालर में, स्रोत:"विश्व बैंक", 2014.[1]
जीडीपी (पीपीपी) के डेटा (टॉप के 10 गो देस आ क्षेत्र, 2014) बिन क्रम के देखावल

सकल घरेलू उत्पाद (अंग्रेजी:Gross Domestic Product - (GDP)) या "जी॰डी॰पी॰" एगो निश्चित समय अवधि, आमतौर पर तिमाही या साल भर, में होखे वाला सगरी माल आ सेवा सभ के उत्पादन के मूल्य के एक प्रकार के मौद्रिक नाप हवे। नामिक या नॉमिनल जीडीपी के अनुमान सामान्यतः पूरे देश या क्षेत्र के आर्थिक प्रदर्शन के निर्धारित करे खातिर इस्तेमाल होला। मुद्रास्फीति के दर अलग-अलग होख्ले के कारण देसवन में आपस में तुलना करे खातिर नॉमिनल जीडीपी के बहुत नीक तरीका ना मानला जाला। जीवन यापन में होखे वाला खर्चा के दर के कंसिडर कर के एकरा खातिर परचेजिंग पावर पैरिटी (पीपीपी) के आधार पर होखे वाली गणना के इस्तेमाल कइल जाला।

परिभाषा[संपादन]

ओईसीडी (OECD) द्वारा सकल घरेलू उत्पाद के परिभाषा दिहल गइल बा कि ई "सगरी निवासी आ संस्थागत इकाई सभ द्वारा उत्पादन के प्रक्रिया में कुल जोड़ल गइल वैल्यू (वैल्यू एडेड; जेह में उत्पाद के सभ के मूल्य में कौनों अन्य टैक्स भी होखे तब ओकरा के जोड़ल गइल होखे, सब्सिडी घटा दिहल गइल होखे) के एक ठो समेकित माप हवे।”[2] अंतर्राष्ट्रीय मुद्रा कोष (आईएमऍफ़) के अनुसार "जीडीपी, अंतिम उत्पाद आ सेवा सभ के मौद्रिक मूल्य हवे - मने कि, अइसन जे अंतिम प्रयोगकर्ता द्वारा खरीदल जालीं - जिनहन के उत्पादन कौनों देस में एगो निश्चित समय अवधि (साल भा तिमाही में) होखे ला।"[3]

कुल जीडीपी के कई हिस्सा में तूर के भी बतावल जा सके ला, मने कि अर्थब्यवस्था के अलग-अलग इंडस्ट्री भा सेक्टर अनुसार, जइसे कि खेती के सेक्टर के जीडीपी केतना रहल।[4] जीडीपी आ कुल जनसँख्या के अनुपात के प्रति ब्यक्ति जीडीपी (या जीडीपी पर प्रति ब्यक्ति आय) कहल जाला आ ई कौनों इलाका में जिनगी के स्तर के सूचक के रूप में इस्तमाल होला। जीडीपी के बिस्व अर्थब्यवस्था के बढ़ती आ बिकास के सभसे प्रमुख सूचक के रूप में भी मानल जाला।[5].

इहो देखल जाय[संपादन]

संदर्भ[संपादन]

  1. "GDP (Official Exchange Rate)" [जीडीपी (ऑफिशियल ऍक्सचेंज रेट)] विश्व बैंक; पहुँचतिथी 10 जून 2016. 
  2. "OECD"; पहुँचतिथी 14 August 2014. 
  3. Callen, Tim; "Gross Domestic Product: An Economy’s All"; IMF; पहुँचतिथी 3 June 2016. 
  4. Dawson, Graham (2006); Economics and Economic Change; FT / Prentice Hall; p. 205; ISBN 9780273693512. 
  5. Lepenies, Philipp (2016-04-26); The Power of a Single Number: A Political History of GDP (अंग्रेज़ी मे); New York: Columbia University Press; ISBN 9780231175104.