Jump to content

साइबेरिया

विकिपीडिया से
Siberia
Сибирь
Geographical region
       Siberian Federal District
       Historical Russian Siberia
       North Asia, greatest extent of Siberia

       Siberian Federal District
       Historical Russian Siberia
       North Asia, greatest extent of Siberia

Map
Interactive map of Siberia
Coordinates: 60°0′N 105°0′E / 60.000°N 105.000°E / 60.000; 105.000निर्देशांक: 60°0′N 105°0′E / 60.000°N 105.000°E / 60.000; 105.000
ContinentNorth Asia
Countryरूस Russia
PartsWestern Siberia
Eastern Siberia
Russian Far East
Area
  Total
13,100,000 किमी2 (5,100,000 बर्ग मील)
Population
 (2017)
  Total
33,765,005
  Density2.58/किमी2 (6.68/वर्ग मील)
DemonymSiberians

साइबेरिया (Siberia /sˈbɪəriə/) एगो बिसाल भूगोलीय प्रदेश हवे जेह में पूरा उत्तरी एशिया आवे ला, पच्छिम में यूराल परबत से ले के पूरुब में प्रशांत महासागर के किनारे ले के जमीनी हिस्सा एह प्रदेश में सामिल बा।[1] 16वीं सदी के बिचला समय के बाद से ई भूगोलीय प्रदेश रूस देस के हिस्सा बा, ओह दौर के बाद से जब रूस के लोग यूराल परबत के पूरुब ओर के हिस्सा पर आपन अधिकार जमा लिहल। साइबेरिया बहुत बड़हन बिस्तार वाला एरिया हवे आ इहाँ बहुत बीरर आबादी बाटे; 13.1 मिलियन (1 करोड़ 31 लाख) वर्ग किलोमीटर के क्षेत्रफल वाला एह इलाका में रूस के कुल आबादी के लगभग पाँचवाँ हिस्सा निवास करे ला। नोवोसिबिर्स्कओम्स्क एह प्रदेश के सबसे बड़हन शहर बाने।

साइबेरिया भूगोलीय आ इतिहासी प्रदेश हवे न कि कौनों राजनीतिक भा प्रशासनिक इकाई, एही कारन एकर कौनों एकदम सटीक निर्धारित जमीनी चौहद्दी नइखे। परंपरागत रूप से, पच्छिम में यूराल परबत से ले के पूरुब में प्रशांत महासागर तक ले के हिस्सा के सगरी अइसन नदी बेसिन जिनहन के पानी आर्कटिक महासागर में गिरे ला, साइबेरिया के रूप में परिभाषित कइल जालें। येनिसी नदी साइबेरिया के दू हिस्सा में बाँटे ले, पच्छिमी आ पुरबी। एह तरीका से साइबेरिया उत्तर में आर्कटिक सागर से ले के दक्खिन में कजाकिस्तान के पर्बतीय हिस्सा, आ चीनमंगोलिया के परबती हिस्सा तक ले बिस्तार वाला इलाका हवे।[1] साइबेरिया के बिचला हिस्सा (सेंट्रल साइबेरिया, जेकरा पच्छिमी आ पूरबी साइबेरिया आर्थिक प्रदेश के रूप में जानल जाला) सोवियत यूनियन के कोर (केंद्रीय महत्व के) इलाका मानल जाय। एह कोर एरिया के पच्छिम के हिस्सा के यूराल प्रदेश आ पूरुब वाला हिस्सा के रूसी सुदूर पूर्ब (रसियन फार ईस्ट) के रूप में जानल जाय।[1]

  1. 1 2 3 "Siberia". Encyclopædia Britannica Online. Retrieved 2021-09-22.