कराची

विकिपीडिया से

कराची पाकिस्तान के सिंध प्रांत के राजधानी आ जनसंख्या के हिसाब से पाकिस्तान के सभसे बड़हन शहर बा। ई दुनिया के छठवाँ सभसे ढेर जनसंख्या वाला शहर आ आठवाँ मेट्रो शहर भी बा आ एकरा के बीटा सिटी के दर्जा दिहल जाला। ई पाकिस्तान के आर्थिक राजधानी हवे आ उद्योग आ फाइनेंस के क्षेत्र में ई पाकिस्तान के सभसे ढेर महत्त्व वाला शहर हऽ। ई पाकिस्तान के सभसे ढेर बिबिधता वाला शहर (कास्मोपौलिटन सिटी) के रूप में भी देखल जाला आ पाकिस्तान के परिवहन आ बानिज-ब्यापार में एह शहर के बहुत महत्व बा। इहाँ दू गो प्रमुख बंदरगाह बाने आ इहँवे पाकिस्तान के सभसे ब्यस्त रहे वाला हवाईअड्डा भी बा।