भारतीय उपमहादीप

विकिपीडिया से
भारतीय उपमहाद्वीप
Area44 लाख किमी2 (17 लाख बर्गमील)
Population~1.71 बिलियन (2015)[1]
Pop. density389/km2
Demonymउपमहादीपी
Countriesभारत
पाकिस्तान
नेपाल
भूटान
बांग्लादेश
श्रीलंका
मालदीव

भारतीय उपमहाद्वीप या उपमहाद्वीप[2] (अंग्रेजी: Indian subcontinent) एशिया के दक्खिनी हिस्सा में स्थित बा। एह क्षेत्र के ज्यादातर हिस्सा भूबिज्ञान के हिसाब से भारतीय प्लेट पर स्थित आ एकरे दक्खिन तरफ हिंद महासागर बाटे।

भारतीय उपमहाद्वीप के परिभाषा भिन्न-भिन्न प्रकार से दिहल जायेला लेकिन इ में कुछ मुख्य देशकुल बाड़े जवन हमेशा शामिल कइल जायेलें भारत, पाकिस्तानबांग्लादेश। कुछ परिभाषा में श्रीलंका, नेपालभूटानो के शामिल कइल जायेला। कुछ परिभाषा में कुछ अउर भी देश के नाम जोड़ल जायेला जइसे कि अफगानिस्तानम्यानमार। अलग-अलग परिभाषा के साथ अलग-अलग नाम भी हो सकत बा।

भारतीय उपमहादीप के कांसेप्ट पुरान हवे आ बतावल जाला कि मेगस्थनीज जेकरा के इंडिया कहलें, भा बाद में जेकरा के हिंदुस्तान कहल जाय ओह में ई पूरा इलाका सामिल रहल आ एकरा के एगो सांस्कृतिक क्षेत्र के रूप में पहिचान रहल; वर्तमान भारत गणराज्य, पाकिस्तान, श्रीलंका, भूटान, नेपाल नियर देस सभ आधुनिक काल के संकल्पना हवे आ मूल सांस्कृतिक इकाई के रूप में पहिचान एकरे बहुत पहिले के हवे।[3]

बिबाद के बिसय[संपादन करीं]

भारतीय उपमहादीप यानी अंग्रेजी में इंडियन सबकंटीनेंट के जगह कुछ लोग खाली सबकंटीनेंट, दक्खिन एशियाई उपमहादीप (साउथ एशियन सबकंटीनेंट), या फिर खाली दक्खिन एशिया कहल पसंद करे ला। एह में पाकिस्तानी लोग आ चीनी लोग सामिल बा जे लोग एह में "भारतीय" शब्द पर आपत्ति करे ला।[4]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "World Population Prospects". United Nations: Population Division. 2017.
  2. आक्सफोर्ड.कॉम पर अर्थ[मुर्दा कड़ी]
  3. Upinder Singh (2016). History of Ancient India (Hindi). Pearson India. pp. 2–. ISBN 978-93-325-8472-3.
  4. "'भारतीय उपमहाद्वीप' से एतराज क्यों". Livehindustan.com. 2009-10-27. Retrieved 2017-10-27.