यूरेशिया

विकिपीडिया से
ग्लोब पर यूरेशिया क स्थिति आ बिस्तार

यूरेशिया एगो विशाल भूभाग हवे जेवन वास्तव में एगो महाद्वीप हवे लेकिन परंपरागत रूप से एके यूरोपएशिया दू गो महाद्वीप मानल जाला। योरोप महाद्वीप वास्तव में यूरेशिया क एगो प्रायद्वीप नियर हिस्सा हवे।

यूरेशिया की उत्तर ओर आर्कटिक महासागर, पच्छिम ओर अटलांटिक महासागर, दक्खिन ओर भूमध्य सागरहिन्द महासागर आ पूरुब ओर प्रशांत महासागर बाटे।

यूरेशिया में विशाल आकार की वजह से बहुत भूगोलीय विविधता मिलेला।

यूरेशिया का क्षेत्रफल लगभग 52,990,000 वर्ग किलोमीटर बा जेवन पूरा पृथ्वी क जमीनी हिस्सा क 36.2% हवे। यूरेशिया में पुरा दुनिया क लगभग 65% लोग रहेला (जनसंख्या 4.6 बिलियन)। मनुष्य ए भूभाग पर अबसे करीब 60,000 से 125,000 हजार साल पहिले अफ्रीका से आ के रहे शुरू कइलस।[1][2]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Hints Of Earlier Human Exit From Africa". Science News. doi:10.1126/science.1199113. Archived from the original on 2012-10-03. Retrieved 2011-05-01.
  2. Paul Rincon Humans 'left Africa much earlier' BBC News, 27 जनवरी 2011

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]