कुआला लंपुर

विकिपीडिया से
(कुआलालंपुर से अनुप्रेषित)

कुआला लंपुर, जेकरा के संक्षेप में "के एल" कहल जाला, मलेशिया के संघीय राजधानी आ सबसे बेसी जनसंख्या वाला नगर ह। एह नगर के क्षेत्रफल 243 कि॰मी॰2 (94 वर्ग मील) बा आ 2012 के अनुमानित जनसँख्या 16 लाख बा। वृहत्तर कुआला लम्पुर, (क्लाँग घाटी) में आसपास के शहरी क्षेत्र सम्मिलित कइल जालन, जेकरा के मिला क एह क्षेत्र के कुल अनुमानित जनसँख्या 72 लाख (2017 में) बा। जनसँख्या आ अर्थव्यवस्था के दृष्टि से इ एह देस के सर्वाधिक तीव्रगति से वृद्धिरत क्षेत्र बा|

संदर्भ[संपादन करीं]