मानव भूगोल

विकिपीडिया से
जॉन स्नो के बनावल ओरिजनल नक्शा जे में लंदन के हैजा मरी 1854 के केस सभ के झुंड देखावल गइल हवे; मानव भूगोल के क्लासिकल उदाहरन बाटे।

मानव भूगोल (अंग्रेजी: human geography) भूगोल के दू गो प्रमुख शाखा में से एक ह, दुसरही भौतिक भूगोल हवे। ई भूगोल के अइसन शाखा हवे जे मानव समुदाय, संस्कृति, अर्थब्यवस्था, आ पर्यावरण अउरी इनहन के आपसी क्रिया-प्रतिक्रिया के बीच के स्थानिक संबंध सभ के अध्ययन करे ले, अइसन अध्ययन सभ के उदाहरण स्कूल सभ में पढ़ावल जालें; जइसे कि - शहरी बिस्तार, शहरी पुनर्विकास वगैरह।[1] ई सामाजिक इंटरैक्शन सभ आ पर्यावरण के बीचा के एक दुसरे पर स्थानिक अंतर-निर्भरता के बिश्लेषण गुणात्मक आ मात्रात्मक बिधि के जरिये करे ला।[2][3]

1945 से ले के अबतक ले मानव भूगोल में पाँच गो मुख्य उपशाखा भा बिभाजन सामिल बाड़ें। पहिला चार गो – आर्थिक, सामाजिक, सांस्कृतिकराजनीतिक – समकालीन जिनगी के मुख्य क्षेत्र आ सामाजिक बिज्ञान के बिसय सभ से जुड़ल बाने जिनहन के संघे भूगोलवेत्ता लोग इंटरैक्ट करे ला (मने कि, अर्थशास्त्र, समाज बिज्ञान, मानव बिज्ञान, अउरी राजनीति बिज्ञानअंतर्राष्ट्रीय संबंध); पाँचवीं उपशाखा ऐतिहासिक भूगोल बाटे।[4]

जर्मन भूगोलवेत्ता फ्रेड्रिक रेटजेल के मानव भूगोल के जनक (पिता) मानल जाला जे परसिद्ध किताब एंथ्रोपोज्याग्रफी लिखलें।[5] इनके अमेरिकी शिष्या ई सी सेम्पुल इनके बिचारन के आगे बढ़वली आ अमेरिका में पापुलर बनवली। फ्रांस में मानव भूगोल के संस्थापक विडाल डि ला ब्लाश रहलें। अमेरिका में कार्ल ओ. सॉवर परसिद्ध सांस्कृतिक भूगोलवेत्ता रहलें।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Johnston, Ron (2000). "Human Geography". In Johnston, Ron; Gregory, Derek; Pratt, Geraldine; et al. (eds.). The Dictionary of Human Geography. Oxford: Blackwell. pp. 353–60.
  2. Russel, Polly. "Human Geography". British Library. Archived from the original on 26 February 2017. Retrieved 26 February 2017.
  3. Reinhold, Dennie (7 February 2017). "Human Geography". www.geog.uni-heidelberg.de (अंग्रेजी में). Retrieved 23 February 2017.
  4. "Human Geography Portal | Britannica". britannica.com (अंग्रेजी में). Retrieved 29 मई 2023.
  5. Garg, Dr H. S. (24 दिसंबर 2022). मानव भूगोल (Human Geography) (हिंदी में). SBPD Publications.