भौतिक भूगोल

विकिपीडिया से
पथ्वी के उपग्रह से लिहल तस्वीर के नक्शा के रूप में देखावल रूप

भौतिक भूगोल (अंग्रेजी: physical geography) भूगोल के दू गो प्रमुख शाखा सभ में से एक हवे आ एह शाखा में धरती पर मौजूद प्राकृतिक चीज सभ के भूगोलीय अध्ययन कइल जाला।[1] भौतिक भूगोल में, पृथ्वी के ठोस चट्टानी हिस्सा थलमंडल, चारों ओर मौजूद हवा से बनल वायुमंडल, समुंद्र आ सागर के रूप में मौजूद जलमंडल, आ बिबिध जिया-जंतु आ बनस्पति से बनल जीवमंडल के अध्ययन होला। एकरे बिपरीत, भूगोल के दुसरकी शाखा मानव भूगोल हवे जेह में मनुष्य के काम से प्रभावित भा मनुष्य के बनावल पर्यावरण से संबंधित चीजन के पढ़ाई होला।

भूगोल के शाखा होखे के नाते, एह बिसय में ऊपर बतावल चीज सभ के अध्ययन जगह आ क्षेत्र के संदर्भ में कइल जाला आ स्पेशियल पैटर्न के खोज आ ब्याख्या कइल जाला। एकरे अलावा मनुष्य आ पर्यावरण के आपसी संबंध आ मनुष्य के पर्यावरण पर परभाव के अध्ययन भी अलग-अलग जगह आ क्षेत्र के संदर्भ में कइल जाले।[2]

उपशाखा[संपादन करीं]

प्राकृतिक मेहराब
  • जलवायु बिज्ञान में धरती के चारो ओर मौजूद वायुमंडल, आ एह में होखे वाला मौसम संबंधी बदलाव सभ के लंबा समय के औसत पैटर्न यानी जलवायु के अध्ययन कइल जाला। अलग-अलग इलाका में अलग तरह के जलवायु सभ के बिबरन आ ब्याख्या एकर मुख्य बिसय हवे। जलवायु बदलाव के अलग-अलग जगह पड़े वाला परभाव के अध्ययन आ रिसर्च भी एही के क्षेत्र में आवे ला।
  • भूआकृति बिज्ञान धरती के सतह के रूप समझे आ एह पर मौजूद बिबिध थलरूप सभ के बर्णन आ ब्याख्या करे, उनहन के इतिहासी बिकास के ब्याख्या करे वाला बिज्ञान हवे।
  • समुंद्रबिज्ञान में पृथ्वी पर पावल जाए वाला जलमंडल के अध्ययन ह। समुंद्र आ सागर, इनहन के पानी के भौतिक बिसेसता में बिबिधता, उनहन में चले वाली धारा, ज्वार-भाटा, आ समुंदरी संसाधन सभ के पढ़ाई कइल जाला।
  • जीवभूगोल धरती पर के सगरी जिया-जंतु आ बनस्पति के भूगोलीय बिस्तार आ अलग-अलग तरह के इकोसिस्टमबायोम सभ के अध्ययन हवे। मने की ई जीवमंडल के भूगोलीय अध्ययन करे ला।

एह चार गो के अलावा भौतिक भूगोल के उपशाखा सभ में समुंद्रतटीय भूगोल, माटी बिज्ञान, क्वार्टरनरी बिज्ञान, जलबिज्ञान आ पर्यावरण भूगोल शामिल बाने।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Chuck Logan. "Physical geography definition and meaning" (अंग्रेजी में). Collins English Dictionary. Retrieved 2017-10-05.
  2. Michael Pidwirny (23 June 2017). Chapter 1: Introduction to Physical Geography: Single chapter from the eBook Understanding Physical Geography. Our Planet Earth Publishing. pp. 10–. GGKEY:KKUN9G4JW00.