बायोस्फियर

विकिपीडिया से
(जीवमंडल से अनुप्रेषित)

बायोस्फियर चाहे बायोस्फीयर (अंग्रेजी: biosphere; हिंदी: जैवमंडल), चाहे जीवमंडल, जेकरा के इकोस्फियर (ecosphere) भी कहल जाला, पृथिवी पर मौजूद सगरी इकोसिस्टम सभ के समेकित इकाई हवे। ई पृथ्वी के जीवन वाला मंडल हवे; आसान भाषा में, पृथिवी पर जहाँ-जहाँ जिंदा जीवधारी पावल जालें ऊ सगरी इलाका एगो जियतार सिस्टम हवे आ जीवमंडल चाहे बायोस्फियर कहाला।[1][2] भूगोल में ई थलमंडल (लिथास्फियर), वायुमंडलजलमंडल (हाइड्रोस्फियर) के साथे मिल के पूरा पृथिवी के चार गो प्रमुख मंडल सभ में से एक हवे।

बायोस्फियर एगो जिंदा सिस्टम के रूप में काम करे ला आ एक तरह से पूरा पृथिवी के बैस्विक इकोसिस्टम हवे। जहाँ तक ले पदार्थ के मामिला बा, ई एगो बंद सिस्टम हवे जहाँ कौनों पदार्थ के बाहर से प्रवेश भा बाहर निकास ना होला। एनर्जी के मामिला में ई एगो खुला सिस्टम हवे, सुरुज के रोशनी, मने की घाम से जिंदा पौधा सभ फोटोसिंथेसिस क के ओकरा के केमिकल एनर्जी में बदले लें जे पूरा जीवधारी सभ द्वारा इस्तेमाल होला आ अंत में गर्मी के रूप में पृथिवी से बहरें रेडियेट हो जाला।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Biosphere". Biology Articles, Tutorials & Dictionary Online. 7 अक्टूबर 2019.
  2. "Biosphere". education.nationalgeographic.org (अंग्रेजी में).