थलमंडल
Appearance
थलमंडल चाहे स्थलमंडल पृथिवी आ पृथिवी नियर कुछ ग्रह-उपग्रह सभ पर सभसे ऊपरी ठोस चट्टानी परत होला। अंग्रेजी में एकरा के लिथॉस्फियर (lithosphere) कहल जाला जे यूनानी भाषा के लिथोस (λίθος) "चट्टानी" आ स्फीयर से बनल हवे।
पृथिवी के अंदरूनी बनावट के हिसाब से देखल जाय त थलमंडल में पृथिवी के सभसे ऊपरी परत क्रस्ट आ ऊपरी मैंटल के कुछ हिस्सा आवे ला। एकरे ठीक नीचे के परत के एस्थेनोस्फीयर कहल जाला जहाँ चट्टानी पदार्थ डक्टाइल होलें यानी उनहन में लंबा समय के दौरान बहाव नियर बेहवार तजबीजल जाला। पृथिवी के ई लिथोस्फीयर कठोर चट्टानी हवे बाकी लंबा समय में एह में इलास्टिक नियर लच्छन भी देखे के मिले ला। एकरे अलावा, ई थलमंडल कई बिसाल टुकड़ा सभ में बँटल बाटे जिनहन के प्लेट कहल जाला आ एह प्लेट सभ के घसकाव भा चाल के पढ़ाई प्लेट टेक्टानिक्स के नाँव से जानल जाला।
| ई लेख भूगोल शब्दावली की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |