प्लेट टेक्टॉनिक्स
Appearance
(प्लेट टेक्टानिक से अनुप्रेषित)

प्लेट टेक्टॉनिक्स भूगोल आ भूगर्भ बिग्यान से जुड़ल एगो कॉन्सेप्ट बाटे जेवना में पृथिवी पर होखे वाला टेक्टॉनिक एक्टिविटी, मने कि हलचल, से संबंधित अध्ययन कइल जाला। पृथिवी के अंदरूनी बनावट के अध्ययन से ई पता चले ला कि एकरे मैंटल में उपरी हिस्सा में एगो अइसन परत पावल जाले जे आधा-पघिलल परत के नियर बा आ ई एस्थेनोस्फीयर कहाला। एही एस्थेनोस्फीयर के ऊपर के परत, जेह में पृथिवी के क्रस्ट आ मैंटल दुनों के कुछ हिस्सा (औसतन 100 किमी मोटाई वाला) शामिल बा, लिथॉस्फीयर (थलमंडल) कहाला जे कई बिसाल टुकड़न में बँटल बाटे। एही टुकड़ा सभ के प्लेट कहल जाला आ इनहने के गति के अध्ययन प्लेट टेक्टॉनिक्स हवे।
बिस्व के प्रमुख प्लेट
[संपादन करीं]- अफ्रीकी प्लेट
- यूरेशियाई प्लेट
- उत्तर अमेरिकी प्लेट
- दक्खिन अमेरिकी प्लेट
- भारतीय-ऑस्ट्रेलियाई प्लेट
- अंटार्कटिक प्लेट
- प्रशांत प्लेट
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]| विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया प्लेट टेक्टॉनिक्स पर मौजूद बा। |
| ई भूआकृति बिज्ञान-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |