जलवायु बिज्ञान
जलवायु बिज्ञान (अंग्रेजी: Climatology) चाहे क्लाइमेट साइंस (अंग्रेजी: climate science) मतलब मय धरती भा एकरा कवनो हिस्सा के जलवायु के वैज्ञानिक पढ़ाई। जलवायु आ मौसम अलग-अलग चीज होला। जलवायु, मौसम के औसत हाल बिबरन के कहल जाला जे कम से कम 30 साल तक के अवधि में मापल जाला।[1] जलवायु से मतलब हवा-पानी के हालात लंबा समय ले बाकी अनिश्चित समय ले चले वाला परस्थिति से होखेला; जबकि मौसम बतावे ला कि छोट समय—मतलब कुछ दिन या घंटा—में वायुमंडल के दसा कइसन बा।
ए विषय में मुख्य अध्ययन जलवायु में समय-समय पर होखे वाला बदलाव, जलवायु बदलले के कारण आ आजकाल के आधुनिक समय में हो रहल 'जलवायु बदलाव' (क्लाइमेट चेंज) नियन समस्या प्रमुख बा।[2][3] ई विषय वायुमंडलीय विज्ञान के हिस्सा हवे आ भौतिक भूगोल (फिजिकल जियोग्राफी) के उप-शाखा मानल जाला, जे पृथ्वी-विज्ञान के एगो अंग हवे। क्लाइमेट साइंस में समुद्र-विज्ञान (ओशनोग्राफी) आ जीव-रसायन विज्ञान (बायोजियोकेमिस्ट्री) के कुछ भागो सामिल रहेला।
जलवायु वैज्ञानिक (क्लाइमेटोलॉजिस्ट) लोगन के मुख्य तरीका दु गो पर टिकले बा— (1) जलवायु से जुड़ल वास्तविक नाप-जोख (ऑब्ज़र्वेशन) के विशलेषण, आ (2) ऊ भौतिक प्रक्रिया के मॉडल बनावल जे जलवायु तय करेला।
छोट अवधी वाला मौसम के अनुमान (फोरकास्ट) जलवायु के लंबा-समय वाला रुझान से जोड़ के समझल जा सकेला। जइसे कुछ जलवायवी चक्र (क्लाइमेटिक सायकिल) बा— El Niño-Southern Oscillation (ENSO), Madden-Julian Oscillation (MJO), North Atlantic Oscillation (NAO), Arctic Oscillation (AO), Pacific Decadal Oscillation (PDO), आ Interdecadal Pacific Oscillation (IPO)। ई सब चक्र मौसम के छोट-अवधि वाला घटना के पाछे छिपल लंबा असर बुझावे में मदद करेला।
शाखा भा उप-बिसय
[संपादन करीं]क्लाइमेटोलॉजी के अलग-अलग उप-विषय (subtopics) जलवायु के अलग-अलग पहलू के पढ़ेला। क्लाइमेटोलॉजी में उप-विषय के कई किसिम के वर्गीकरण मिलेला। मिसाल खातिर, अमेरिकन मेटिरियोलॉजिकल सोसायटी क्लाइमेटोलॉजी के तीन हिस्सा में बाँटेला - वर्णनात्मक जलवायु विज्ञान (Descriptive climatology), वैज्ञानिक जलवायु विज्ञान (Scientific climatology), आ एप्लाइड जलवायु विज्ञान (Applied climatology)। ई वर्गीकरण रिसर्च के मकसद आ जटिलता पर आधारित बा।
एप्लाइड क्लाइमेटोलॉजिस्ट लोग अपन ज्ञान के उद्योग-कारोबार, सामान निर्माण (manufacturing) आ खेती-किसानी जइसन क्षेत्र में लगावेलन। पैलेओक्लाइमेटोलॉजी के मतलब बा—पुरान समय के जलवायु के दोबारा बनावल (reconstruct) आ समझल, जवन काम बरफ के कोर (ice cores) आ पेड़ के सालाना घेरा (tree rings → dendroclimatology) जइसन रिकॉर्ड देख के होखेला। पैलेओटेम्पेस्टोलॉजी ईहे रिकॉर्ड के इस्तेमाल कर के हजारों साल में तूफान (hurricane) कइसे-कितना आवेलें, ओकरा के जाने में मदद करेला। ऐतिहासिक जलवायु विज्ञान (Historical climatology) मानव इतिहास से जुड़ल जलवायु के पढ़ेला। एहकर मुख्य जोर पिछला कुछ हजार साल के जलवायु पर रहेला। बाउंड्री-लेयर क्लाइमेटोलॉजी धरती के सतह नज़दीक पानी, ऊर्ज़ा आ गतिक बल (momentum) के आदान-प्रदान के अध्ययन करेला।
आउरी चिन्हाइल उप-विषय बाड़ें:
- भौतिक जलवायु विज्ञान (Physical climatology)
- डायनेमिक जलवायु विज्ञान (Dynamic climatology)
- टॉर्नेडो क्लाइमेटोलॉजी
- प्रादेशिक जलवायु विज्ञान (Regional climatology)
- बायोक्लाइमेटोलॉजी
- सिनॉप्टिक क्लाइमेटोलॉजी
लंबा समय के पैमाना पर जल-चक्र (hydrological cycle) के अध्ययन के कइयाँ बेर हाइड्रो-क्लाइमेटोलॉजी कहल जाला, खास कर के जब पानी के चक्र पर जलवायु परिवर्तन के असर देखल जाला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Climate Prediction Center. Climate Glossary. Archived 2006-10-06 at the Wayback Machine
- ↑ "What is Climatology?". drought.unl.edu (अंग्रेजी में). Archived from the original on 2 August 2019. Retrieved 27 February 2017.
- ↑ "Glossary". Archived from the original on 6 October 2006. Retrieved 23 November 2006.
| ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |