जलवायु
जलवायु (climate, क्लाइमेट) मौसम के दसा सभ के लमहर समय क औसत होला। आमतौर पर अइसन समय तीस बरिस के मानल जाला। जलवायु ई बतावेला की कौनों जगह पर कइसन मौसम रहेला आ साल भर में कइसे-कइसे मौसम में बदलाव होला। मौसम के एह चीज सभ में तापमान, नमी, हवा, हवादाब आ बरखा के सामिल कइल जाला। कौनों जगह के जलवायु पर ओह जगह के अक्षांश, जमीनी उच्चावच, ऊँचाई आ आसपास मौजूद पानी के बड़ भंडार आ समुंद्री धारा नियर कई चीजन सभ के परभाव पड़े ला।
जलवायु के प्रकार बतावे खातिर एकरे वर्गीकरण (किसिम में बाँटे) के कई गो तरीका अपनावल गइल बाड़ें। एह सभ में सभसे परसिद्ध कोपेन के जलवायु वर्गीकरण हवे।
जलवायु बदलाव कौनो जगह चाहे इलाका बिसेस की, चाहे पुरा पृथिवी की, जलवायु में बहुत लमहर समय के दौरान होखे वाला बदलाव के कहल जाला।
जलवायु के अध्ययन करे वाला बिज्ञान जलवायु बिज्ञान ह जे अर्थ साइंस (पृथिवी बिज्ञान) सभ के भीतर वायुमंडल बिज्ञान के, आ भूगोल के भीतर भौतिक भूगोल के एगो शाखा मानल जाला। एकरा बिपरीत मौसम के अध्ययन मौसम बिज्ञान में कइल जाला। पुराजलवायु बिज्ञान (पैलियोक्लाइमेटोलॉजी) अइसन शाखा हवे जे पुराना समय के इतिहासी जलवायु के अध्ययन करे ला।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]| ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |