जलवायु
Jump to navigation
Jump to search
जलवायु (अंगरेजी: Climate; क्लाइमेट) मौसम के दसा सभ के लमहर समय क औसत होला। आमतौर पर अइसन समय तीस बरिस के मानल जाला। जलवायु ई बतावेला की कौनों जगह पर कइसन मौसम रहेला आ साल भर में कइसे-कइसे मौसम में बदलाव होला। मौसम के एह चीज सभ में तापमान, नमी, हवा, हवादाब आ बरखा के सामिल कइल जाला। कौनों जगह के जलवायु पर ओह जगह के अक्षांश, जमीनी उच्चावच, ऊँचाई आ आसपास मौजूद पानी के बड़ भंडार आ धारा सभ के परभाव पड़े ला।
जलवायु के प्रकार बतावे खातिर एकरे वर्गीकरण के कई गो तरीका अपनावल गइल बाड़ें। एह सभ में सभसे परसिद्ध कोपेन के जलवायु वर्गीकरण हवे।
जलवायु बदलाव कौनो जगह की चाहे पुरा पृथ्वी की जलवायु में होखे वाला बदलाव के कहल जाला। पुराजलवायु बिज्ञान (पैलियोक्लाइमेटोलॉजी) अइसन शाखा हवे जे पुराना समय के इतिहासी जलवायु के अध्ययन करे ला।
इहो देखल जाय[संपादन]
संदर्भ[संपादन]
![]() | ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |