Jump to content

कैस्पियन सागर

विकिपीडिया से
कैस्पियन सागर
Caspian Sea
कैस्पियन सागर के उपग्रह से लिहल फोटो, जून 2003
अक्षांस-देशांतर41°40′N 50°40′E / 41.667°N 50.667°E / 41.667; 50.667निर्देशांक: 41°40′N 50°40′E / 41.667°N 50.667°E / 41.667; 50.667
प्रकारबन्द, खारी, स्थायी, प्राकृतिक
वोल्गा नदी, यूराल नदी, कूरा नदी, तेरीक नदी
वाष्पीकरण, गाराबोज़कोइ
3,626,000 किमी2 (1,400,000 वर्ग मील)[1]
थाला के देसअज़रबैजान, ईरान, कजाकस्तान, रूस, तुर्कमेनिस्तान
अधि. लंबाई1,030 किमी (640 मील)
अधि. चौड़ाई435 किमी (270 मील)
सरफेस एरिया
371,000 किमी2 (143,200 वर्ग मील)
औसत गहिराई
211 मी (690 फीट)
अधि. गहिराई1,025 मी (3,360 फीट)
पानी के मात्रा
78,200 किमी3 (18,800 घन मील)
रेजिडेंस टाइम250 years
तीरे के लंबाई1
7,000 किमी (4,300 मील)
सतह ऊँचाई
−28 मी (−92 फीट)
दीप26+
बस्तीबाकू (अज़रबैजान), अंजलि (ईरान), अकटाउ (कजाकस्तान), Makhachkala (रूस), Türkmenbaşy (Turkmenistan) (see article)
संदर्भ[1]
Map
Interactive map of कैस्पियन सागर
1 Shore length is not a well-defined measure.

कैस्पियन सागर एशिया महादीप में, बिचला एशिया के पच्छिमी माथ पर मौजूद एगो चारो ओर से जमीन से घेराइल झील हवे जेकरा बिसाल आकार के चलते परंपरागत रूप से सागर कहल जाला। ई काकेशस परबत के पूरुब में आ बिसाल स्टेपी के मैदान के पच्छिम में बाटे आ पानी के सतह के रकबा के हिसाब से दुनिया के सभसे बड़ खारा पानी के झील हवे। एकरे उत्तर-पूरुब में कजाकिस्तान, उत्तर-पच्छिम में रूस, पच्छिम में अजरबैजान, दक्खिन में ईरान, आ दक्खिन-पूरुब में तुर्कमेनिस्तान देस बाड़ें।

कैस्पियन सागर समुंद्र तल से करीबन 28 मी (92 फीट) नीचे कैस्पियन निचाई में मौजूद बा। एकरा दक्खिनी हिस्सा में एह समुंद्र के तली समुंद्र तल से 1,023 मी (3,356 फीट) नीचे ले पहुँच जाले, एकरा चलते ई बैकाल झील के बाद दूसरा सभसे गहिरा जगह भी बा (बैकाल के गहिराई −1,180 मी, −3,871 फीट हवे)। एकरे किनारे रहे वाला लोग एकरा में समुंद्र बूझे, अइसन साइद एकरे बिसाल आकार (साइज) के कारन रहल।

यूरोप के सभसे लमहर नदी वोल्गा, जे रूस के एगो सभसे प्रमुख नदी हवे, एही कैस्पियन सागरे में गिरे ले। वोल्गा नदी एकरे पानी के आगम के सभसे प्रमुख स्रोत ह। एकरे अलावा एह में गिरे वाली प्रमुख नदी यूराल नदी, कूरा नदी, तेरीक नदी बाड़ी स।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. 1 2 van der Leeden, Troise, and Todd, eds., The Water Encyclopedia. Second Edition. Chelsea F.C., MI: Lewis Publishers, 1990, p. 196.