यूराल नदी
| यूराल | |
|---|---|
ओराल आ अत्यरोव के बीचा में हवाई जहाज से देखे पर यूराल नदी | |
| लोकेशन | |
| देश | कजाकिस्तान, रूस |
| भौतिक लच्छन सभ | |
| Source | |
| - location | यूराल परबत |
| मुहाना | |
- location | कैस्पियन सागर |
| लंबाई | 2,428 किमी (1,509 मील) |
| थाला के साइज | 231,000 किमी2 (89,000 वर्ग मील) |
| Discharge | |
| - average | 400 m3/s (14,000 cu ft/s) |
| ऑफिशियल नाँव | Ural River Delta and adjacent Caspian Sea coast |
| तिथी | 10 मार्च 2009 |
| रिफरेंस नं॰ | 1856[1] |
यूराल (Ural river) रूस आ कजाकिस्तान देसन में बहे वाली जे परंपरागत बिभाजन में यूरोप आ एशिया महादीपन के सीमा बनावे ले। ई यूराल परबत के दक्खिनी हिस्सा से निकले ले आ अंत में कैस्पियन सागर में जा गिरे ले। 2,428 किलोमीटर (1,509 मील) के लंबाई वाली ई नदी वोल्गा आ डेन्यूब के बाद यूरोप महादीप के तिसरी सबसे लमहर नदी हवे आ एशिया महादीप के 18वीं सबसे लमहर नदी हऽ।
यूराल नदी के उदगम यूराल परबत के माउंट क्रुग्ल्याया चोटी के लगे से होखे ला जेकरे बाद ई परबत के समानांतर दक्खिन मुँह बहे ले आ मैग्नितोगोर्स्क पहुँचे ले, एकरे बाद ओर्स्क हो के बहे के बाद पच्छिम मुँह के हो जले आ लगभग 300 किमी बहे के बाद ओराल के लग्गे फिर से दक्खिन मुँह के हो जाले। एकरा बाद ई एगो बड़हन मैदानी हिस्सा में मियांडर बनावत बहे के बाद अत्यराओ के कुछ नीचे जा के कैस्पियन सागर में मिले ले आ आपन खास किसिम के फेड़ के आकृति भा चिरई के पंजा के आकृति के (डिजीटेट) डेल्टा बनावे ले।
यूराल नदी के डेल्टा आ आसपास के कैस्पियन सागर के तीर रामसर साइट के दर्जा वाला अस्थान हवे, एकरा के ई दर्जा 2009 में दिहल गइल रहे।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Ural River Delta and adjacent Caspian Sea coast". Ramsar Sites Information Service. Retrieved 25 April 2018.
| ई लेख कौनो नदी के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |