क्रिसमस दीप

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
Kiritimati (Christmas Island)
Atoll
Photograph from the International Space Station
Photograph from the International Space Station
Country Kiribati
Island group Line Islands
रकबा
 • कुल 388.39 किमी2 (149.96 बर्गमील)
जनसंख्या (2015 जनगणना)
 • कुल 6,447
 • जनघनत्व 17/किमी2 (43/बर्गमील)

क्रिसमस दीप (अंगरेजी: Kiritimati) प्रशांत महासागर में एक ठो दीप बा। ई एक ठो एटॉल हवे, यानि कि मूंगा के बनल चट्टान के समुंद्र के सतह से ऊपर उभर जाए के कारण बनल दीप हवे आ किरिबाती रिपब्लिक के हिस्सा हवे।

एकरा के कई बेर किरितिमाती उच्चारण कइल जाला, काहें से कि एकर अंगरेजी में लिखल इस्पेलिंग से भ्रम होला, हालाँकि एकर स्थानीय उच्चारण क्रिसमस हवे।

क्रिसमस दीप दुनिया के सभसे बड़ा मूंगा निर्मित दीप (एटॉल) हवे आ लगभग 388 वर्ग किलोमीटर के एरिया वाला एह दीप के साथ बनल लैगून भी एही आकार के बाटे। एह एटोल के कुल किनारा लगभग 150 किलोमीटर लंबा बा आ एह में लैगून के किनारा करीबन 48 किलोमीटर बाटे। किरिबाती देस कुल 33 गो दीप सभ से मिल के बनल बा जेह में क्रिसमस दीप सभसे बड़ बाटे आ लगभग 70 प्रतिशत हिस्सा अकेल्ले एही दीप के बा। क्रिसमस दीप के कुल जनसंख्या साल 2015 में 6,447 रहल।

संदर्भ[संपादन]