Jump to content

तीज

विकिपीडिया से

तीज भा तीजि हिंदू कैलेंडर के तिसरही तिथी हवे जे हर महीना के अन्हार आ अँजोर दुनों पाख में पड़े ले। तिथी के सुरुआत अँजोर पाख में चंद्रमा आ सुरुज के बीच 36° से होला आ 48° पर खत्म होला; अन्हार पाख में ई 180+36° से 180+48° ले होला।

तीज तिथी के कई हिंदू तिहुआर मनावल जालें जिनाहन में हरतालिका तीज सभसे बेसी महत्त्व वाला ह - तिहुआर के संदर्भ में बात करत घरी "तीज" शब्द से एही हरतालिका तीज के अरथ लिहल जाला। एकरे अलावा हरियाली तीजकजरी तीज - दू गो अउरी तीज हईं। अखर तिजिया (अक्षय तृतीया), काजल तीज आ केवड़ा तीज अउरी अइसन तिहुआर हवें जे तीज तिथी के मनावल जालें।