ठेकुआ
Jump to navigation
Jump to search
छठ के परसाद के रूप में ठेकुआ | |
अन्य नाँव | माँठ |
---|---|
समय | परसाद आ नाश्ता |
उत्पत्ति के अस्थान | नेपाल, भारत |
क्षेत्र या राज्य | जनकपुर, मिथिला, भोजपुर, पूर्वांचल |
मुख्य सामान | गोहूँ के आटा, गुर या शीरा, घीव, लाची |
ठेकुआ भारत की बिहार, पूर्वांचल आ नेपाल की मिथिला क्षेत्र में प्रचलित मिष्ठान ह। एकरा के बनावे खातिर आटा, गुर आ जल मिला के फेंट लिहल जाला, सान के मोमिआवल जाला फिर पसंद अनुसार गोल चाहे तिकोना आकर के बना के गाय भा भैंस के शुद्ध घीव में छान दिहल जाला। एह परकार के प्रयोग ख़ास कर के छठ, हनुमान पूजा, बरम बाबा के पूजा आदि में कइल जाला। देवता के चढ़ावे खाती एकरा के गाय के घीव में छानल जाला, भैस के घीव वाला ठेकुआ पूजा में प्रयोग ना होखेला।
संदर्भ[संपादन]
बाहरी कड़ी[संपादन]
![]() |
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Thekua पर मौजूद बा। |
ई भोजन-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |