पूर्वांचल
पूर्वांचल | |
---|---|
क्षेत्र | |
![]() Location of Purvanchal | |
देश |
![]() |
क्षेत्र | उत्तर भारत |
प्रस्तावित राजधानी | बनारस/इलाहाबाद/गोरखपुर[1] |
मंडल बिभाजन | |
भाषा | भोजपुरी, हिंदी, उर्दू, अवधी |
पूर्वांचल भारत के उत्तरी हिस्सा में मौजूद एक ठो क्षेत्र बाटे जहाँ के मुख्य भाषा भोजपुरी हवे। ई क्षेत्र में वर्तमान राज्य उत्तर प्रदेश के पूरबी हिस्सा आवे ला आ एकरा के एक ठो अलग राज्य के दर्जा देवे के माँग भी लंबा समय से उठ रहल बाटे। अलग-अलग प्रस्तावन के अनुसार एह राज्य में 17 गो[2] से ले के 27 गो[3][4] ले जिला सभ के सामिल करे के माँग उठावल गइल बा, कुछ प्रस्ताव में एह में पच्छिमी बिहार के भी कुछ जिला सभ के सामिल करे के बात कहल गइल बा।
भूगोलीय क्षेत्र के रूप में ई हिस्सा उत्तर में नेपाल, पूरुब में बिहार, दक्खिन में बघेलखंड, आ पच्छिमी ओर अवध क्षेत्र से घेराइल बाटे। ई इलाका दुनिया के सभसे घन बसल इलाका सभ में से एक बा। गंगा के मैदान के ठीक बीचोबीच स्थित ई इलाका उपजाऊ जमीन के चलते पुरान समय से घन खेती वाला इलाका हवे। हालाँकि, जनसंख्या के दबाव, खनिज संसाधन के कमी आ उद्योगीकरण के आभाव में ई इलाका आर्थिक बिकास के दौड़ में पिछड़ल बाटे। एकरे अलावा राजनीतिक उपेक्षा के भी एह इलाका के पिछड़ापन के कारण मानल गइल बा।
एह इलाका के बिकास लम्बा समय से राजनीतिक मुद्दा रहल बा हालाँकि एकर माँग बहुत जोर के नइखे।[5][6] 1991 में उत्तर प्रदेश सरकार पूर्वांचल बिकास निधि के स्थापना कइलस बाकिर एकरे लाभ के बँटवारा आ उचित उपयोग पर सवाल उठल बा।[7][8] पहिले भी उत्तर प्रदेश के बिभाजित करि के कई गो राज्यन के गठन के बात चल चुकल बा[9] आ हाल के समय में तेलंगाना राज्य के गठन के बाद से पूर्वांचलो के माँग के सुगबुगाहट तेज भइल बाटे।[10][11]
संदर्भ
- ↑ "Division of UP: A reality check". पहुँचतिथी 2 जनवरी 2019.
- ↑ "List of districts in Purvanchal - INCREDIBLE PURVANCHAL". Incrediblepurvanchal.weebly.com. पहुँचतिथी 2016-10-17.
- ↑ Ajay K Mehra 2013.
- ↑ "Proposed Purvanchal Map". Mapsofindia.com. 2011-11-25. पहुँचतिथी 2016-10-17.
- ↑ Louise Tillin 2013, p. 197.
- ↑ {{ authors[i].name }}. "A Report on Demand for Creation of Small States in India". Scribd.com. पहुँचतिथी 2016-10-17.
- ↑ Shankarlal C. Bhatt 2005, p. 277.
- ↑ Express News Service (16 अगस्त 2010). "CAG raps UP for misusing funds for Bundelkhand". इंडियन ऍक्सप्रेस. पहुँचतिथी 17 अक्टूबर 2016.
- ↑ "Mayawati wants to divide UP into 4 states, other parties cornered". Ndtv.com. 2011-11-16. पहुँचतिथी 2016-10-17.
- ↑ "Demand for Purvanchal gathered momentum again - Navbharat Times" (English में). Navbharattimes.indiatimes.com. 2016-06-03. पहुँचतिथी 2016-10-17.
- ↑ http://www.thehindu.com/2005/03/07/stories/2005030702770300.htm
संदर्भ स्रोत
- किताब
- Louise Tillin (1 अक्टूबर 2013). Remapping India: New States and their Political Origins. Hurst Publishers. ISBN 978-1-84904-229-1.CS1 maint: ref=harv (link)
- Ajay K Mehra (3 अप्रैल 2013). Emerging Trends in Indian Politics: The Fifteenth General Election. Routledge. ISBN 978-1-136-19854-0.CS1 maint: ref=harv (link)
- Shankarlal C. Bhatt (2005). Land and People of Indian States and Union Territories: In 36 Volumes. Uttar Pradesh. Gyan Publishing House. ISBN 978-81-7835-384-5.CS1 maint: ref=harv (link)
ई उत्तर प्रदेश से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |