आजमगढ़ मंडल
Jump to navigation
Jump to search

उत्तर प्रदेश के नक्सा पर आजमगढ़ मंडल
आजमगढ़ मंडल भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के एक ठो प्रशासनिक मंडल (कमिश्नरी) बाटे। आजमगढ़ मंडल के गठन 15 नवंबर 1994 के, उत्तर प्रदेश के 14वाँ मंडल के रूप में भइल।[1]
एह मंडल में कुल तीन गो जिला आवे लें:
आजमगढ़ मंडल के उत्तर ओर गोरखपुर मंडल, पच्छिम ओर फैजाबाद मंडल आ दक्खिन ओर वाराणसी मंडल बा, पूरुब ओर एह मंडल आ उत्तर प्रदेश के सभसे पूरबी जिला, बलियाँ के सीमा बिहार राज्य के साथ बने ले।
आजमगढ़ मंडल के प्रमुख शहर आ कस्बा सभ में, मुख्यालय आजमगढ़ के अलावा लालगंज, मोहम्दाबाद, मऊ, रसड़ा, बेल्थरा रोड, सिकंदरपुर आ बलियाँ बाने।
इहो देखल जाल[संपादन]
- उत्तर प्रदेश के मंडल सब
- उत्तर प्रदेश के जिला सभ के लिस्ट
- गोरखपुर मंडल - पुराना समय में जेकर हिस्सा आजमगढ़ मंडल रहल।
संदर्भ[संपादन]
- ↑ "Azamgarh NIC". Azamgarh.nic.in. पहुँचतिथी 2017-03-23.
निर्देशांक: 26°04′10″N 83°11′06″E / 26.06944°N 83.18500°E
![]() | ई लेख उत्तर प्रदेश के कौनों जगह से संबंधित एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |