रसड़ा

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
रसड़ा
Rasra
शहर
रसड़ा is located in Uttar Pradesh
रसड़ा
रसड़ा
उत्तर प्रदेश में लोकेशन
निर्देशांक: 25°51′N 83°51′E / 25.85°N 83.85°E / 25.85; 83.85निर्देशांक: 25°51′N 83°51′E / 25.85°N 83.85°E / 25.85; 83.85
देस  भारत
राज्य उत्तर प्रदेश
जिला बलियाँ
ऊँचाई 55 m (180 ft)
जनसंख्या (2001)
 • कुल 29,263
भाषा
 • सरकारी हिन्दी
 • लोकल भोजपुरी
टाइम जोन भारतीय (यूटीसी+5:30)
पिनकोड 221712
गाड़ी नंबरप्लेट UP–60

रसड़ा (अंगरेजी: Rasra) भारत देश की उत्तर प्रदेश राज्य में बलिया जिला में एगो शहर बा। ई आपने नाँव की तहसील क मुख्यालय ह। इहाँ नाथ बाबा मंदिर देखे लायक धार्मिक अस्थान बा। इहाँ अनाज क मंडी आ अउरी सामन क बाजार ए इलाका की आर्थिक जीवन खातिर महत्वपूर्ण बा।

इतिहास[संपादन]

रसड़ा की आसपास क इलाका बलिया जिला की अउरी इलाका की तरे प्राचीन काल में कोसल राज्य क हिस्सा रहे। कोसल राज्य की कमजोर भइला पर ए इलाका में भर जाति की लोगन के छोट-छोट प्रभाव क्षेत्र बनि गइलन स। एकरी बाद सेंगर राजपूत लोग ए इलाका में परभाव अस्थापित कइल। ए शहर के अस्थापना कब भइल ई मालुम नइखे। सन बयालिस की आंदोलन में रसड़ा संघर्ष क एगो बहुते महत्वपूर्ण केन्द्र रहे। ए आंदोलन में अगस्त 1942 ई. में बलिया जिला की अउरी जगहन की नियर रसड़ो में स्वतंत्रता के घोषणा हो गइल आ तहसील मुख्यालय पर तिरंगा लहर दिहल गईल।[1]

भूगोल[संपादन]

रसड़ा क लोकेशन 25° 51' उत्तरी अक्षांश आ 83° 51' पूरबी देशांतर बा आ समुद्र तल से ऊँचाई 54 मीटर बा। [2] जिला मुख्यालय बलिया से इहाँ क दूरी 33 किलोमीटर बा आ बनारस से वाया मऊ इहाँ के दूरी 142 किलोमीटर बा।[3] रसड़ा नगर पालिका की अन्दर लगभग 6 वर्ग किलोमीटर क्षेत्र आवेला[4] प्राकृतिक भूगोल कि दृष्टि से ई शहर मध्य गंगा मैदान क हिस्सा हवे आ इहवाँ जलोढ़ निक्षेप के चट्टान मिलेला। आसपास दोमट आ बलुई दोमत माटी पावल जाला आ कहीं कहीं ऊसर मिलेला। ताल ए इलाका कि चारो ओर थोड़ी-थोड़ी दूरी पर पावल जाला। बसनही नदी रसड़ा की लगे से हो के बहेले जेवन आगे जा के गंगा जी में मिल जाले। जलवायु नम प्रकार के बा आ बसंत, गर्मी, बरखाऋतु, आ जाड़ा के चार गो मौसम होला। साल भर में औसत बरखा 100 सेंटीमीटर की आसपास होले। प्राकृतिक रूप से पावल जाए वाला बन अब समाप्त हो गईल बाड़े। बड़ पेड़न में आम, महुआ, नीबि, बरगद, पीपर, पाकड़, गूलरि, इमिली, आ अर्जुन क पेड़ मिलेलें। नया वृक्षारोपण में ज्यादातर पेड़ सफ़ेदा, बिलायती बबुर, आ शिरिष के लगावल गइल बा।

जनसंख्या[संपादन]

रसड़ा क जनसंख्या 1971 में 14,042 रहे जवन 1991 में बढ़ के 23,865; आ 2001 में 29,238 आ 2011 में बढ़ के 31,765 हो गइल बा।[5]

देखे लायक अस्थान[संपादन]

  • नाथ बाबा मंदिर - रसड़ा की पच्छिम ओर लगभग सौ साल पुरान मंदिर बा। इहाँ एगो पोखरा बा जवना कि तीरे कुआर महीना की दशमी के दशहरा क मेला लागेला आ रावण जरवल जाला।
  • रोशन शाह दरगाह - रसड़ा की पच्छिम ओर नाथ बाबा की मंदिर से सटले एगो दरगाह बा जहाँ हर साल मोहर्रम की बाद बाबा क उर्स मनावल जाला।
  • सती माई मंदिर - रसड़ा रेलवे इस्टेशन से करीब आधा किलोमीटर उत्तर-पच्छिम ओर सती माता क मंदिर बा जेवना के बचा के रेलवे लाइन तनिकी सा टेढ़ होके गुजरे ले।

अउरी पढल जाय[संपादन]

संदर्भ[संपादन]

  1. बलिया गजेटियर-1979, गवर्नमेंट प्रेस, इलाहबाद, pp 240
  2. "Maps, Weather, and Airports for Rasra, India". Fallingrain.com. पहुँचतिथी 2017-10-30.
  3. पूर्वी उत्तरप्रदेश पर्यटन | http://www.easternuptourism.com/Rasra.jsp
  4. "Rasra (Ballia, Uttar Pradesh, India) - Population Statistics, Charts, Map, Location, Weather and Web Information". Citypopulation.de. पहुँचतिथी 2017-10-30.
  5. पूर्वी उत्तरप्रदेश पर्यटन | http://www.citypopulation.de/php/india-uttarpradesh.php?cityid=0946304000