रावण
रावण | |
---|---|
![]() Statue of Ravana from the 18th century CE | |
लंका के राजा | |
Predecessor | कुबेर |
Successor | विभीषण |
Spouse | मंदोदरी आ धन्यमालिनी |
Issue |
इंद्रजीत अतिकाय अक्षयकुमार नरांतक देवांतक त्रिशिरा प्रहस्त |
Father | विश्रवा |
Mother | कैकसी |
Religion | हिंदू धर्म |
रावण हिंदू धर्मग्रंथ आ महाकाव्य रामायण में आ अउरी रामकथा सभ में बर्णित लंका के राजा रहलें। रावण के शिव के भक्त, महाव पंडित, बिबिध बिद्या सभ के जानकार आ सबल राजा के रूप में मनल गइल बा। कथा में रावण के दस सिर वाला (दशानन) बतावल गइल बा जे कुछ बिद्वान लोग के अनुसार छहों शास्त्र आ चारों बेद के ज्ञान रखे वाला के चीन्हा के रूप में मानल जाला। रावण के वीणा बजावे में निपुण कलाकार के रूप में भी चित्रण मिले ला। एकरे सभ के बावजूद रावण देवता लोगन पर बिजय पावल चाहें अइसन कथा में बर्णित बा।
रामायण में रावण राम के पत्नी सीता के हरण कइ लेलें जे लक्ष्मण द्वारा रावण के बहिन सुपनखा के नाक काटे के बदला लेवे के कारण कइल बतावल गइल बा। राम-रावण के जुद्ध रामायण के चरम घटना हवे जेह में राम के बिजय होले।
हिंदू धर्म के अलावा रावण के जिकिर बौद्ध आ जैन ग्रंथ सभ में भी मिले ला।
संदर्भ[संपादन]
![]() | ई हिंदू धर्म लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |