मोहर्रम

विकिपीडिया से

मुहर्रम भा मोहर्रम मुसलमानी कलेंडर (हिजरी कलेंडर) के पहिला महिन्ना ह। मुसलमान लोग एकरा के रमजान के बाद दुसरा सभसे पबित्र महीना माने ला। एही महीना के दसईं तिथी (दस मुहर्रम) के आशूरा पड़े ला जे शियासुन्नी दुनों फिक्ह के मुसलमान लोगन खातिर महत्व के दिन होला।

दस मोहर्रम[संपादन करीं]

दस मोहर्रम, भा आशूरा, इस्लाम के माने वाला लोगन के एगो धार्मिक महत्व के दिन हवे मोहर्रम महीना के दसवाँ तारीख़ ह आ शियासुन्नी मत के माने वाल मुसलमान लोग एकरा बारे में अलग-अलग मान्यता राखे ला। सुन्नी इस्लाम में ई दिन लाल सागर के बिभाजन के कथा से जुड़ल हवे जेकरा द्वारा हजरत मूसा द्वारा इजराइली लोगन के आजादी दियावल गइल रहे; एही दिन नूह अपना कश्ती से उतरल रहलें, भगवान द्वारा आदम के माफ़ कइल गइल रहे, आ जोज़फ के कैद से रिहा क दिहल गइल रहल।

एकरे बिपरीत, शिया इस्लाम में एह दिन के जुड़ाव इस्लाम के तिसरा इमाम आ मुहम्मद साहब के नाती हजरत इमाम हुसैन के शहादत के दिन के रूप में हवे। एही दिने इमाम हुसैन के उमय्यद खलीफ़ा यज़ीद द्वारा, उनके सत्ता आ अधिकारिता ना माने के चलते, कर्बला के लड़ाई में मार दिहल गइल रहल। एह तरीका से शिया लोग मोहर्रम क महीना शोक के महीना के रूप में मनावे ला आ दस मोहर्रम के इमाम हुसैन के याद कइल जाला।