रमजान

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
रमजान
رمضان
Welcome Ramadhan.jpg
पहिला चाँद, बहरीन में, जेकरे साथ ई महीना सुरू होला
मनावे वाला मुसलमान लोग द्वारा
प्रकार धार्मिक
मनावे के तरीका सामुदायिक इफ़्तार आ प्रार्थना
Observances
  • सौम (बरत-उपास)
  • जकात आ सादगाह (दान कइल)
  • तरावीह (प्रार्थना, सुन्नी इस्लाम)
  • अल-कदर के रात के इयाद (शीया आ सुन्नी मुसलमान)
  • कुरान तिलावत (कुरआन के अध्ययन)
  • हर किसिम के बुराई आ खराब काम से परहेज
सुरू 1 रमजान
अंत 29, भा 30 रमजान
समय बदलाव वाला (चंद्र कैलेंडर)
2018 तारीख 16 मई – 14 जून
2019 तारीख 6 मई – 3 जून
केतना बेर सालाना (चनरमा आधारित कैलेंडर)
संबंधित बा ईद-उल-फित्र
هلال رمضان.jpg

रमजान, रमज़ान भा अरबी उच्चारण रमादान, इस्लामी कलेंडर के नउवाँ महिन्ना हवे आ पूरा दुनिया के मुसलमान लोग एह महीना के उपास (ब्रत) के द्वारा मनावे ला जे इस्लामिक मान्यता अनुसार कुरआन के पहिला पहिल प्रगटहोखे के उपलक्ष में मनावल जाला। ई सालाना तिहुआर हवे आ एह तिहुआर के मनावल, यानी कि उपास भा बरत राखल, सौम भा सोम के नाँव से जानल जाला आ ई इस्लाम के पाँच गो आधार में से एक मानल जाला।

ई महीना 29-30 दिन के होला आ चाँद के ऊपर आधारित होला। इस्लामी कैलेंडर के चाँद आधारित होखे के कारन ई महीना सीजन के हिसाब से देखल जाय तब घस्कत रहे ला। एकरे नाँव के पैदाइश अरबी शब्द रमा'दा से बतावल जाला जेकर मतलब होला "खूब गरम सीजन"।

संदर्भ[संपादन]