Jump to content

ईद

विकिपीडिया से
ईद
From top: Muslims performing the Eid prayer at Suleymaniye Mosque, Istanbul, Turkey; cakes and sweets, which are popularly consumed during the celebration in Algeria
ऑफिशियल नाँवअरबी: عيد الفطر
अन्य नाँवईद अल-फ़ित्र, ईद अल-फ़ितर (उपास के बाद के ईद), मीठी ईद, छोटी ईद
मनावे वालामुसलमान
प्रकारइस्लामी
महत्त्वरमजान के उपास (रोजा) के समाप्ती
मनावे के तरीकाईद के नमाज, ज़कात, सामाजिक मेल-मिलाप, पकवान, ईदी
समय1 शव्वाल
संबंधित बारमजान

ईद अल-फ़ितर चाहे ईद अल-फ़ित्र, जेकरा खाली भर ईद के नाँव से भी जानल जाला, मुसलमान लोगन के प्रमुख तिहुआर हवे जे रमजान के महीना के भर उपास (रोजा) रखला बाद एह पबित्र महिन्ना के समाप्ती पर मनावल जाला। हिजरी कलेंडर के हिसाब से ई शव्वाल के पहिला दिने पड़े ला, ई अंग्रेजी कलेंडर के हिसाब से कवनो फिक्स तारीख के ना पड़े ला बलुक घसकत रहे ला काहें से कि हिजरी कलेंडर चंद्रमा पर आधारित हवे। कुछ जगह एकरा के छोटी ईद चाहे मीठी ईद कहल जाला।

ईद के बिसेस नमाज पढ़ल जाला। ईदगाह में एह नमाज आ मेला के आयोजन होखे ला आ लोग एक दुसरे से ईद के मिलनी करे ला आ बधाई देला। दुनियाँ के अलग-अलग हिस्सा में एकरा मनावे के तरीका में कुछ मामूली अंतरो देखे के मिले ला जबकि एह दिन बिबिध पकवान बनावल लगभग हर जगह शामिल बाटे।