दस मोहर्रम

विकिपीडिया से

दस मोहर्रम, अरबी में आशूरा, इस्लाम के माने वाला लोगन के एगो धार्मिक महत्व के दिन हवे जे हिजरी कलेंडर के नउवाँ महिन्ना मोहर्रम (भा मुहर्रम) के दसवाँ तारीख़ के पड़े ला। शिया आ सुन्नी मत के माने वाल मुसलमान लोग एकरा अलग-अलग मान्यता राखे ला।

सुन्नी इस्लाम में ई दिन लाल सागर के बिभाजन के कथा से जुड़ल हवे जेकरा द्वारा हजरत मूसा द्वारा इजराइली लोगन के आजादी दियावल गइल रहे। साथे-साथ जूडाइक धरम सभ में एही दिन नूह अपना कश्ती से उतरल रहलें, भगवान (गॉड) द्वारा आदम के माफ़ कइल गइल रहे, आ जोज़फ के कैद से रिहा क दिहल गइल रहल। एकरा अलावा सुन्नी मत में अउरी कई गो कारन बाड़ें जिनहन के चलते दस मोहर्रम भा आशूरा के दिन के पबित्र मानल जाला।

एकरे बिपरीत, शिया इस्लाम में एह दिन के जुड़ाव इस्लाम के तिसरा इमाम आ मुहम्मद साहब के नाती हजरत इमाम हुसैन के शहादत के दिन के रूप में हवे। एही दिने इमाम हुसैन के उमय्यद खलीफ़ा यज़ीद द्वारा, उनके सत्ता आ अधिकारिता ना माने के चलते, कर्बला के लड़ाई में मार दिहल गइल रहल। एह तरीका से शिया लोग मोहर्रम क महीना शोक के महीना के रूप में मनावे ला आ दस मोहर्रम के इमाम हुसैन के याद कइल जाला।