इस्लाम

विकिपीडिया से
इस्लाम

इस्लाम दुनिया के एक ठो प्रमुख धरम हवे आ एकरे माने वाला लोग के मुस्लिम भा मुसलमान कहल जाला। माने वाला लोग के संख्या के हिसाब से ई दुनिया के दूसर सभसे बड़ धरम हवे। इस्लाम एक ठो भगवान में बिस्वास करे ला आ अरबी में भगवान के अल्लाह कहल जाला, अल्लाह के निराकार मानल जाला।

इस्लाम शब्द के अर्थ होला जे (अल्लाह यानि भगवान में पूरा) "समर्पण के भाव" (रखत होखे)। ई धरम आदम, नूह, मूसा, इब्राहिम, मूसा आ ईसा नियर पैगंबर लोग सभ के इज्जत करे ला आ मुहम्मद के अंतिम पैगंबर माने ला।[1] इस्लाम के माने वाला लोग एकरा के हमेशा से मौजूद माने ला बाकी समय के गिनती के मकसद से इस्लामी कैलेंडर के सुरुआत मुहम्मद साहब द्वारा हिजरत के तिथि से मानल जाला।

इस्लाम के मुख्य ग्रंथ कुरान (क़ुरआन) हवे आ इस्लाम में पाँच गो आधार बाड़ें[2]: शहादा, बचन उठावल कि अल्लाह एक बाने आ मुहम्मद उनके पैगंबर हवें[3]; सलात, रोज पाँच टाइम प्रार्थना कइल जेकरा के नमाज़ कहल जाला[4]; ज़कात, दान कइल[5]; सोम, बरत रखल यानि रोज़ा[6]; आ हज, यानि मक्का के तीर्थयात्रा[7] (कम से कम जिनगी में एक बेर)।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Mahdi, Muhsin S. (2017-04-21). "Islam | religion" (अंग्रेजी में). Britannica.com. Retrieved 2017-05-28.
  2. "Religions - Islam: Islam at a glance" (अंग्रेजी में). BBC. Retrieved 2017-05-28.
  3. "Religions - Islam: Shahadah: the statement of faith" (अंग्रेजी में). BBC. Retrieved 2017-05-28.
  4. "Religions - Islam: Salat: daily prayers" (अंग्रेजी में). BBC. Retrieved 2017-05-28.
  5. "Religions - Islam: Zakat: charity" (अंग्रेजी में). BBC. Retrieved 2017-05-28.
  6. "Religions - Islam: Sawm: fasting" (अंग्रेजी में). BBC. Retrieved 2017-05-28.
  7. "Religions - Islam: Hajj: pilgrimage to Mecca" (अंग्रेजी में). BBC. Retrieved 2017-05-28.