सिकंदरपुर

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
सिकंदरपुर
गुलाबों का शहर
शहर
सिकंदरपुर is located in Uttar Pradesh
सिकंदरपुर
सिकंदरपुर
उत्तर प्रदेश में लोकेशन
निर्देशांक: 26°02′N 84°03′E / 26.033°N 84.050°E / 26.033; 84.050निर्देशांक: 26°02′N 84°03′E / 26.033°N 84.050°E / 26.033; 84.050
देस  भारत
राज्य उत्तर प्रदेश
जिला बलिया
संस्थापक सिकंदर लोदी
नाँव पड़ल सिकंदर लोदी
जनसंख्या (2001)
 • कुल 21,790
भाषा
 • ऑफिशियल हिंदी
 • लोकल भोजपुरी, उर्दू
टाइम जोन IST (यूटीसी+5:30)
PIN 277303
गाड़ी नंबरप्लेट UP-60

सिकंदरपुर भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के बलियाँ जिला में एगो नगर पंचायत आ कस्बा बा। ई अपनहीं नाँव के तहसील के मुख्यालय भी हवे।

सिकंदरपुर के स्थापना लोदी बंस के राजा सिकंदर लोदी कइले रहलें आ उनहीं के नाँव पर एकर नाँव सिकंदर पुर पड़ल। ई गुलाब की खेती खातिर मशहूर हऽ। पुराना समय में ई इतर के ब्यापार के बहुत मशहूर जगह रहल।[1]

जनसंख्या[संपादन]

साल 2011 के भारतीय जनगणना[2] के आँकड़ा अनुसार सिकंदर पुर नगर पंचायत में कुल 15 वार्ड सभ में 23,986 लोग निवास करत रहल जेह में 12,512 मरद 11,474 आ मेहरारू लोग रहल।

एही आँकड़ा के अनुसार, सिकंदरपुर में लिंगानुपात 917 महिला प्रति 1000 पुरुष रहल, जे उत्तर प्रदेश राज्य के औसत लिंगानुपात 912 से थोरिके सा ऊपर रहल। हालाँकि, छोट लइकी-लड़िकन के लिंगानुपात 894 रहल जे राज्य के औसत 902 से तुलना में कम रहल। सिकंदर पुर में साक्षरता के दर 77.08 % रहल जे राज्य के औसत 67.68 % से आगे रहल। इहाँ मरदाना साक्षरता 83.70 % आ जानना साक्षरता 69.88 % रहल।

गुलाब के खेती आ उद्योग[संपादन]

सिकंदरपुर पुराना जमाना से गुलाब के खेती आ गुलाब के अर्क से बने वाला इतर, गुलाब जल आ गुलाब शकरी खातिर मशहूर रहल बा। गुलाब शकरी एक तरह के शरबत बनावे के सामान हवे, चीनी के गोल गोल लड्डू नियर गोला जेह में गुलाब के महक बसल होले आ पानी में डारला पर तुरंते घुल जाला।

हाल के समय में इहाँ के एह उद्योग के स्थिति खराब भइल बा आ सिकंदरपुर के गुलाब उद्योग के खतम होखे के संका बतावल जा रहल बाटे। कुछ मात्रा में अभिन ले इहाँ से बिदेस खातिर गुलाबजल के निर्यात होला जेकरा कारन इहाँ ई रोजगार चल रहल बाटे।[3]

संदर्भ[संपादन]

  1. V. N. Vashist; B. K. Bahl (1978). The Essential Oil and Perfumery Industry in North India. Essential Oil Association of India. प. 21.
  2. "Sikanderpur City Population Census 2011 - Uttar Pradesh". Census2011.co.in. पहुँचतिथी 2017-05-04.
  3. "Rose City Ballia - बेनूर हो गई गुलाबों की नगरी , Ballia News In Hindi". amar Ujala. 2016-03-15. पहुँचतिथी 2017-05-04.