गुलाब
| Rose | |
|---|---|
| रोज़ा रुबिजिनोसा (Rosa rubiginosa) | |
| बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
| किंगडम: | प्लेंटाई (Plantae) |
| क्लैड (Clade): | एंजियोस्पर्म (Angiosperms) |
| क्लैड (Clade): | यूडिकॉट्स (Eudicots) |
| क्लैड (Clade): | रोसाइड (Rosids) |
| ऑर्डर (Order): | Rosales |
| परिवार: | Rosaceae |
| उपपरिवार: | Rosoideae |
| जाति (Genus): | Rosa लि. |
| अउरी दूसर नाँव | |
| |
गुलाब एगो काँटेदार झांगी वाला पौधा हऽ जेमे खुब सुंदर खुश्बुदार फुल फुलाला आ ई फूलवो गुलाब कहाला। बैज्ञानिक हिसाब से ई रोज़ा (Rosa) जाति के सगरी पौधा आ फूल सभ हवें जे रोज़ेसी परिवार में आवे लें। गुलाब के सुंदरता आ सुगंध दुनों खातिर खास महत्व हवे आ एही से ई सजावटी पौधा, गुलदस्ता बनावे, इतर बनावे वगैरह में इस्तेमाल होला।
गुलाब के लगभग तीन सौ से बेसी प्रजाति बाड़ी सऽ आ हजारन गो ले किसिम सभ बाड़ी सऽ। एकर पौधा झांग नियर हो सके ला, लता नियर हो सके ला आ झाड़ी नियर हो सके ला। एकरे डांठ के बनावट लकड़ी नियर होला आ एह पर काँटा होखे लें। हालाँकि ई काँटा सभ असल में एकरे ऊपरी छाल के बिस्तार होखे लें असल काँटा ना होखे लें। फूल सभ के बनावट आ साइज में बिबिधता देखे के मिले ला। रंग में ई सफ़ेद, गुलाबी, पीयर आ लाल रंग के बिबिध प्रकार के होखे लें। गुलाब के जादेतर प्रजाति सभ एशिया महादीप के मूल पौधा हईं जबकि कुछ प्रजाति यूरोप, उत्तर अमेरिका का उत्तर-पच्छिमी अफिरका के मूल पौधा हईं। एकर बिबिध प्रजाति आ किसिम सभ के आपस में मेल आसानी से हो जाला जेवना कारन एकर बहुत सारा किसिम सजावटी पौधा, इतर वगैरह खाती बिकसित कइल गइल बाटे।[1] पौधा के ऊँचाई गमला में लागल कुछ इंच के पौधा से ले के लता वाला किसिम सभ में पाँच-सात मीटर के ऊँचाई तक ले हो सके ला।
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]- World Federation of Rose Societies
- Chisholm, Hugh, ed. (1911). . एन्साइक्लोपीडिया ब्रिटैनिका (अंग्रेजी में) (11वाँ ed.). कैंब्रिज युनिवर्सिटी प्रेस.
| ई पौधा पर बनल लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
- ↑ "rose (plant) – Britannica Online Encyclopedia". Britannica.com. 19 November 2007. Retrieved 7 December 2009.