तुलसी

तुलसी (Ocimum tenuiflorum) फूलदार पौधा सभ के लैमिनासियाई परिवार के, सालभर हरियर रहे वाला, सुगंधित पौधा हवे। ई भारतीय उपमहादीप के मूल अस्थानी पौधा हवे आ एह मूल इलाका के अलावा दक्खिन पूर्ब एशिया के कई हिस्सन में उपजावल जाला। भारत आ नेपाल में एकरे उपजावे के मुख्य वजह एकर जड़ी-बूटी के रूप में इस्तेमाल आ धार्मिक महत्व के पौधा होखल हवे। आयुर्वेद में आ देसी खर-बीरो वाला दवाई सभ में एकर इस्तेमाल होखे ला। हिंदू धरम में कुछ लोग एकरा के देवी के चीन्हा माने लें आ वैष्णव लोग के पूजा-पाठ में एकर खास महत्व हवे जहाँ एकरे पतई से ठाकुर जी के भोग लगावे से ले के एकरे लकड़ी के मनका से बनला माला से बिष्णु के मंत्र जाप ले में इस्तेमाल होखे ला।
भारत आ नेपाल में एकर तीन गो किसिम उपजावल जालें: राम तुलसी, कृष्ण तुलसी आ बन तुलसी।
संदर्भ[संपादन करीं]
ई पौधा पर बनल लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |