सदाबहार
सदाबहार | |
---|---|
गुलाबी सदाबहार | |
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
किंगडम: | प्लांटाई |
(बिना रैंक कइल): | एंजियोस्पर्म्स |
(बिना रैंक कइल): | यूडिकोट्स |
(बिना रैंक कइल): | एस्टेराइड |
ऑर्डर (Order): | Gentianales |
परिवार: | Apocynaceae |
उपपरिवार: | Rauvolfioideae |
जाति (Genus): | Catharanthus George Don |
टाइप प्रजाति | |
Catharanthus roseus (L.) G. Don.[1] | |
अउरी दूसर नाँव[2] | |
|
सदाबहार (अंगरेजी आ बैज्ञानिक नाँव: Catharanthus, कैथेरेन्थस) फूलदार पौधा सभ के एगो जाति हवे। एह पौधा सभ में बारहों महीना फूल फुलालें जेकरा चलते इनहना के सदाबहार नाँव दिहल गइल हवे। एह फूल के कुल आठ गो प्रजाति पावल जालीं जिनहन में गुलाबी सदाबहार कैथेरेंथस रोस़स (Catharanthus roseus) बहुतायत से मिले ला। एह आठ गो प्रजाति सभ में से सात गो मैडागास्कर के मूल पौधा हवें जबकि एक ठो कैथेरेंथस पुसिलस (C. pusillus) भारत आ श्रीलंका के मूल पौधा हवे। एकर अंगरेजी नाँव यूनानी भाषा से आइल हवे जेकर अरथ "शुद्ध फूल" होला। बैज्ञानिक रूप से ई एपोसाइनेसी (Apocynaceae) परिवार के पौधा हवें जेह में विंका जाति के पौधा भी आवे लें। कैथेरेंथस आ विंका दुनों जाति के कई पौधा सभ के अंगरेजी में आम नाँव पेरिविंकल से भी जानल जाला। खुद गुलाबी सदाबहार के पहिले विंका रोसस के नाँव से विंका जाति में रखल गइल रहे।
पौधा झाड़ीनुमा होला आ फूल पाँच पंखुरी वाला होलें।
इनहन में से कई प्रजाति सभ के जड़ी-बूटी के रूप में इस्तेमाल होला।[3] आधुनिक बैदकी में भी इनहन के इस्तेमाल होला आ करीबन 130 किसिम के एल्केलाइड निकासल जालें जिनहन में दवाई के गुन होला।
संदर्भ[संपादन]
- ↑ lectotype designated by Pfeiffer, Nom. 1: 627 (1873)
- ↑ "World Checklist of Selected Plant Families". पहुँचतिथी 21 मई 2014.
- ↑ Dr. M.L. Parihar (12 April 2018). Vaikalpic Chikitsa-Paddhatiyon ke Madhyam se Samagra Swasthya-Prabandhan. Idea Publishing. पप. 267–. GGKEY:3TH2DB97EYS.
![]() | ई बनस्पति बिज्ञान से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |