टाइप प्रजाति
Jump to navigation
Jump to search
टाइप प्रजाति चाहे टाइप स्पीशीज जीवबैज्ञानिक नाँव रखे के तरीका में कौनों प्रजाति के नाँव होला जे अपने जाति (जीनस) से सभसे परमानेंट तरीका से प्रतिनिधित्व करे। एकर बैज्ञानिक नाँव स्पेशिया टिपिका हवे; मने कि ओह जाति के सभसे टिपिकल प्रजाति।
मूल रूप से ई तरीका जंतु बिज्ञान में बेहतर ढंग से इस्तेमाल होला, हालाँकि बनस्पति शास्त्र में भी ई कांसेप्ट कुछ जगह इस्तेमाल होला। उदाहरण खाती सदाबहार (कैथेरेंथस) पौधा सभ के एगो जाति हवे आ गुलाबी सदाबहार (कैथेरेंथस रोस़स) एकरा सभसे बहुतायत से पावल जाए वाली आ सभसे नीक से एह जाति के प्रतिनिधित्व करे वाली प्रजाति हवे; मने कि एह जाति के टाइप प्रजाति हवे। जीव बिज्ञान में टाइप के अरथ होला कौनों जाति/प्रजाति सभ के सभसे नीक प्रतिनिधित्व करे वाला नमूना।
![]() | ई जीव बिज्ञान से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |