जीव बिज्ञान
ए लेख में कौनों संदर्भ या स्रोत के उद्धरण दे के बात के प्रमाण नइखे दिहल गइल। (नवंबर 2015) |
जीव बिज्ञान बिज्ञान का शाखा हवे जेवन जीवन बिज्ञान की श्रेणी में आवेला आ धरती पर पावल जाए वाला जीव-जंतु, बनस्पति, बैक्टीरिया इत्यादि सगरी जिंदा जीवधारिन क पढ़ाई करे ला।
जीव बिज्ञान के दू गो बड़हन शाखा में बाँटल जाला: जंतु बिज्ञान आ बनस्पति बिज्ञान। एकरी अलावा कई गो अउरो शाखा बाड़ी: जीव रसायनशास्त्र, कोशिकी जीव बिज्ञान, इकोलॉजी इत्यादि।
जीव या जीवधारी (Organism)[संपादन]
जीव या जीवधारी मने जेवना में जीवन होखे, जे जिन्दा होखे। जीव कुल्हिन के भी दू हिस्सा में बाँटल जाला। जंतु, जेवना में सारा जानवर, कीड़ा मकोड़ा, चिरई वगैरह आवेला; आ बनस्पति जेवना में सगरी छोट बड़ पेड़ पौधा आ घास आ जाला।
एकरी अलावा कुछ बहुत नक्खी नक्खी जिन्दा जीव होलें जिनहन के आँख से ना देखल जा सकेला बलुक देखे खातिर खुर्दबीन क जरूरत पड़ेला। इनहन के सूक्ष्मजीव कहल जाला। बैक्टीरिया आ वाइरस इत्यादि अइसने सूक्ष्मजीव हवें।
जीवधारिन के बिबिध प्रकार[संपादन]
इतिहास[संपादन]
शाखा[संपादन]
- जंतु बिज्ञान
- बनस्पति बिज्ञान
- आकृति बिज्ञान
- अंग रचना बिज्ञान
- हिस्टोलॉजी
- कोशिका बिज्ञान
- शरीर क्रिया बिज्ञान
- वर्गीकरण
- इकोलॉजी
संदर्भ[संपादन]
![]() | ई जीव बिज्ञान से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |