जानवर

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
जानवर
Animals
Temporal range: Cryogenianवर्तमान, 670–0Ma
Animal diversity.png
बैज्ञानिक बर्गीकरण e
(बिना रैंक कइल): Filozoa
किंगडम: Animalia
Linnaeus, 1758
संघ (फाइला)
अउरी दूसर नाँव

जानवर, जनावर या प्राणी (अंगरेजी: Animal) बहुकोशिकीय, यूकैरियोटिक जीवधारी बा जवन एनिमेलिया किंगडम (प्राणी जगत) के अंतर्गत आवेलें। सगरी जानवर गमनशील होलें, माने की चल फिर सके लें। वयस्क भइला पर जानवर के शरीर एगो स्थाई रूप ले लेला, हालांकि, कुछ जानवर सभ में बाद में भी बदलाव होत रहे ला। सगरी जानवर हेट्रोट्रॉफ होलें, माने की, जिंदा रहे खातिर दूसरे जीवधारी खा के पचावे के परेला या कौनों दूसरे जीवधारी के उत्पाद के खा के पचावे लें।

जानवर के उत्पत्ति पृथ्वी पर अब से लगभग 542 मिलियन (5420 लाख) बरिस पहिले, कैम्ब्रियाई बिस्फोट के समय भइल रहे। इनहन के कई बिभाग में बाँटल जाला जवना में प्रमुख बाटें: वर्टीब्रेट (चिरई, मैमल, एम्फिबियन, रेप्टाइल, मछरी); मोलस्कस (क्लैम्स, ऑइस्टर्स, ऑक्टोपस, स्क्विड, घोंघा); आर्थोपोड्स (मिलिपेड, सेंटीपीड, किरौना, मकड़ी, बिच्छी, खेखड़ा, लोबस्टर, झींगा); अनेलिड्स (केंचुआ); स्पंज आ जेलीफिश।

इहो देखल जाय[संपादन]

संदर्भ[संपादन]

बाहरी कड़ी[संपादन]