जेलीफिश

विकिपीडिया से

जेलीफिश (अंग्रेजी: Jellyfish) चाहे जेली फिश (जेली मछरी चाहे जेली मछली), चाहे समुंद्री जेली कुछ समुंद्री जीव सभ के साधारण बोलचाल के भाषा में बोलावे के नाँव हवे; ई जीव सभ नाइडेरिया (cnidaria) संघ के मेडुसोजोआ (medusozoa) उपसंघ में आवे लें आ इनहन के जिनगी के मेडुसा-फेज में ई जेली भा जिलेटिन नियर लउके लें। आमतौर पर ई समुंदर के पानी में आजाद पँवरे वाला जीवधारी हवें जे छतरी भा घंटी के नियर देखलाइ पड़े लें आ बीचा में नीचे के ओर कई गो लचकीला पोंछ नियर अंग लटकल होखे लें जिन्हन के टैंटेकल्स कहल जाला; इनहन में से कुछ पानी में आजाद पँवरत रहे के बजाय समुंद्र के तली के चीजन से चपकल भी मिल सके लें। ऊपर के घंटी भा छतरी नियर हिस्सा धड़कन के जइसन हलचल भा हरकत क सके ला अगर इनहन के एक जगह से दुसरे जगह जाये के होखे। लटकल बाँह नियर टैंटेकल सभ में चपके वाली कोशिका होखे लीं आ ई आमतौर पर एक जगह से दुसरे जगह जाये आ शिकार पकड़े के कामे आवे लीं।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]