ऑरेलिया ऑरिता
Jump to navigation
Jump to search
लाल सागर में एक ठो ऑरेलिया ऑरिता
ऑरेलिया ऑरिता (अंगरेजी: Aurelia aurita) जेकरा के आम जेलीफिश, मून जेलीफिश या तश्तरी जेलीफिश भी कहल जाला) ऑरेलिया बंस के जेलीमछरी हवे।[1] एह बंस के सगरी प्रजाति सभ आपस में बहुत कम अंतर लिहले होखे लीं, ऑरेलिया मेड्यूसा से अंतर त बिना जीन के नमूना लिहले बतावलो ना जा सके ला। लगभग सगरी प्रजातिन के ज्यादातर लच्छन एक्के नियर होलें।
ई जेलीफिश अँजोरदार होखे ले आ एकर साइज लगभग 25–40 सेमी (10–16 इंच) ब्यास वाला होला, घोड़ा के नाल के आकृति के चार गो गोनाड एकर पहिचान हैवन। अपना कई ठो टेंटेकल (पोंछ नियर हाथ) से प्लैंकटन आ छोटहन घोंघा सभ के पकड़ के अपना शरीर में पचावे खातिर ले आवे ले, एह तरे ई आपन खाना खाले। पँवरत समय भी ई अपने से बहुत कम गति कर पावे ले, धार के संघे बहे ले।
संदर्भ[संपादन करीं]
- ↑ Dawson, Michael N. "Aurelia species". Retrieved 2008-08-12.
अउरी पढ़े खातिर[संपादन करीं]
- Moen, F.E.; E. Svensen (2004). Marine fish & invertebrates of Northern Europe. Southend-on-Sea: AquaPress. ISBN 0-9544060-2-8.
- "Taxonomy Browser". National Center for Biotechnology Information. 23 अक्टूबर 2001. Retrieved 15 मई 2013.
बाहरी कड़ी[संपादन करीं]
विकिमीडिया कॉमन्स पर ऑरेलिया ऑरिता से संबंधित मीडिया
Data related to ऑरेलिया ऑरिता at Wikispecies
![]() | ई जीव बिज्ञान से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |