लाल सागर

विकिपीडिया से
लाल सागर के नक्सा

लाल सागर (अंग्रेजी: Red sea) हिंद महासागर के हिस्सा हवे आ एकर समुद्री बाँह नियर अफिरकाएशिया महादीप के बीचा में लंबा आकार में घुसल हवे। ई भूगर्भबिज्ञान के हिसाब से एक ठो रिफ्ट घाटी हवे जेह में समुंद्री पानी भर गइल हवे। दक्खिन ओर ई हिंद महासागर से बाब-अल-मंडेब जलजोड़ आ अदन के खाड़ी के द्वारा जुड़े ला; एकरा उत्तर में सिनाई पठार एकरा अंदर त्रिभुज के रूप में घुसल बाटे आ दू हिस्सा में बाँट देला - स्वेज के खाड़ी आ अकाबा के खाड़ी।

लाल सागर के नाँव, एह में पावल जाए वाला ट्राइकोडेस्मियम (Trichodesmium) नाँव के साइनोबैक्टीरिया के कारण पड़ल हवे, जिन्हन के संख्या में कबो-कबो बहुत बढंती हो जइले पर एकर पानी लाल रंग के लउके लागे ला।[1]

समुंद्री जहाज के आवागमन के ई एक ठो बहुत प्रमुख रस्ता हवे। उत्तर में स्वेज नहर एकरा के भूमध्य सागर से जोड़े ले।

लाल सागर में एक ठो ऑरेलिया ऑरिता नाँव के जेलीमछरी

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Red Sea". Encyclopædia Britannica Online Library Edition. Encyclopædia Britannica. Retrieved 2008-01-14.