गोरखपुर मंडल

विकिपीडिया से
उत्तर प्रदेश में गोरखपुर मंडल के लोकेशन

गोरखपुर मंडल (हिंदी: गोरखपुर मण्डल) भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के एक ठो प्रशासनिक मंडल (कमिश्नरी) हवे। ई उत्तर प्रदेश के सबसे उत्तरी-पूरबी कोन पर पड़े ला आ एकर दक्खिनी सीमा सरजू नदी द्वारा बनावल जाले जे एकरा के आजमगढ़ मंडल से अलग करे ले; पूरबी सीमा बिहार राज्य के साथ बा आ उत्तरी सीमा नेपाल देस के साथ।

गोरखपुर शहर एह मंडल के मुख्यालय हवे। वर्तमान (2017) में, एह मंडल में कुल चार गो जिला आवे लें[1]:

इतिहास[संपादन करीं]

साल 1801, ई इलाका अवध के नवाब के हाथ से ईस्ट इंडिया कंपनी के हाथ में आइल आ गोरखपुर के जिला के दर्जा दिहल गइल। साल 1829 में गोरखपुर में कमिश्नरी स्थापित भइल आ तब एह में गोरखपुर, गाजीपुर आ आजमगढ़ जिला शामिल कइल गइलें। आर॰ एम॰ बायड एह मंडल के पहिला कमिश्नर बनावल गइलें।[2]

वर्तमान में, आजमगढ़ खुद एक ठो अलग मंडल बा जे गोरखपुर मंडल के दक्खिन ओर पड़े ला, जबकि वर्तमान गाजीपुर जिला अब बनारस मंडल में शामिल बा (गाजीपुर जिला से अलग हो के बनल बलियाँ जिला अब आजमगढ़ मंडल में आवेला)।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Basic Statistics: Gorakhpur division". gkpdiv.up.nic.in. Archived from the original on 2018-06-28. Retrieved 24 मार्च 2017.
  2. "Gorakhpur division: History". gorakhpur.nic.in. Retrieved 24 मार्च 2017.

निर्देशांक: 26°45′18″N 83°22′26″E / 26.7550°N 83.3739°E / 26.7550; 83.3739