उत्तर प्रदेश के मंडल सभ के लिस्ट

विकिपीडिया से
उत्तर प्रदेश के मंडल सभ नकशा पर

उत्तर प्रदेश के प्रशासनिक बिभाजन सभ में सभसे ऊपरी स्तर पर मंडल बाने, इसके बाद क्रम से जिला[1], तहसील आवे लें। तहसील के भी उपबिभाजन ब्लाक (बिकासखंड) में होला, बाकी ई इकाई मुख्य रूप से बिकास सम्बन्धी कामकाज खातिर बाने।

वर्तमान में, उत्तर प्रदेश में कुल 18 गो मंडल, 75 गो जिला, आ 822 ब्लाक बा।[2]

मंडल या कमिश्नरी के प्रशासनिक मुखिया कमिश्नर (मंडलायुक्त) होलें आ पूरा मंडल में कानून ब्यवस्था आ जमीन के लगान (रेवेन्यू) वसूली के जिम्मेदारी इनहीं के होला। कमिश्नर लोग भारतीय प्रशासनिक सेवा (आइएएस) के सीनियर अधिकारी होला लोग आ परमोशन के बाद एह पद पर पहुँचे ला।

जिला के जिलाधीश (डीएम या कलेक्टर) होलें। वास्तव में सरकारी कामकाज के बँटवारा के कारण एकही ब्यक्ति के ई तीनों पद के अनुसार तीन गो नांव से बोलावल जाला। रेवेन्यू संबंधी काम करे पर इनहीं लोग के कलेक्टर कहल जाला, आ न्याय संबंधी काम के समय डिस्ट्रिक्ट मजिस्ट्रेट (डीएम)।

तहसील स्तर पर डिप्टी कलेक्टर (जेकरा के एसडीएम भी कह दिहल जाला) आ तहसीलदार लोग मुख्य अधिकारी होला।

लिस्ट[संपादन करीं]

मंडल मुख्यालय जिला सभ नकशा
आगरा मंडल आगरा
Agra division.svg
अलीगढ़ मंडल अलीगढ़
Aligarh division.svg
प्रयागराज मंडल प्रयागराज
Allahabad division.svg
आजमगढ़ मंडल आजमगढ़
Azamgarh division.svg
बरेली मंडल बरेली
Bareilly division.svg
बस्ती मंडल बस्ती
Basti division.svg
चित्रकूट मंडल चित्रकूट
Chitrakoot division.svg
देवीपाटन मंडल गोंडा
Devipatan division.svg
अयोध्या मंडल अयोध्या
Faizabad division.svg
गोरखपुर मंडल गोरखपुर
Gorakhpur division.svg
झाँसी मंडल झाँसी
Jhansi division.svg
कानपुर मंडल कानपुर
Kanpur division.svg
लखनऊ मंडल लखनऊ
Lucknow division.svg
मेरठ मंडल मेरठ
Meerut division.svg
विन्ध्याचल मंडल मीरजापुर
Mirzapur division.svg
मुरादाबाद मंडल मुरादाबाद
Moradabad division.svg
सहारनपुर मंडल सहारनपुर
Saharanpur division.svg
वाराणसी मंडल वाराणसी
Varanasi division.svg

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Welcome to Official Web Site of Uttar Pradesh Government". Up.gov.in. 1967-10-02. Retrieved 4 मई 2017.
  2. Jagran Josh (2013-06-18). "Uttar Pradesh: Administrative Structure". Jagranjosh.com. Retrieved 2017-05-04.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]