काजीरंगा नेशनल पार्क

विकिपीडिया से
काजीरंगा नेशनल पार्क
Kaziranga National Park
Adult Indian rhinoceros with a calf at Kaziranga National Park in Bagori range of Nagaon district of Assam, India
लोकेशनगोलाघाटनगाँव जिला, आसाम
नजदीकी शहरगोलाघाट, नगाँव
भूगोलीय निर्देशांक26°40′N 93°21′E / 26.667°N 93.350°E / 26.667; 93.350निर्देशांक: 26°40′N 93°21′E / 26.667°N 93.350°E / 26.667; 93.350
रकबा430 किमी2 (170 वर्ग मील)
स्थापना1908
गवर्निग बॉडीभारत सरकार, आसाम सरकार
बिस्व धरोहर स्थलWorld Heritage Place by UNESCO since 1985

काजीरंगा नेशनल पार्क (अंग्रेजी: Kaziranga National Park) भा काजीरंगा राष्ट्रिय उद्यान भारतीय राज्य आसाम के गोलाघाट, कार्बी आंगलोंगनगाँव जिला में बिस्तार लिहले एगो नेशनल पार्क बाटे। ई पार्क 1985 से यूनेस्को के बिस्व धरोहर स्थल सभ में सामिल बा। ई एक सींघ वाला गैंडा खातिर परसिद्ध हवे जहाँ ई गैंडा सभ के दुनियाँ भर में तीन हिस्सा में से दू हिस्सा आबादी एही पार्क में बाटे।[1] आसाम सरकार के बन बिभाग आ कुछ जानल-मानल एनजीओ सभ के सहकार से मार्च 2018 में इहाँ गैंडा सभ के जनगणना भइल आ गैंडा सभ के कुल आबादी 2,413 पावल गइल। एह में से 1,641 पुरहर उमिर के (642 नर, 793 मादा, 206 बिना सेक्स के); 387 छोट-उमिर के (116 नर, 149 मादा, 122 बिना सेक्स); आ 385 बच्चा गैंडा रहलें।[2] 2015 में गैंडा सभ के आबादी 2,401 रहल। साथे साथ काजीरंगा में दुनिया भर के टाइगर रिजर्व सभ में से सभसे घन आबादी 2006 में दर्ज कइल गइल रहल (अब आसामे के ओरांग नेशनल पार्क एह मामिला में सभसे ऊपर बा)। एह पार्क में भारतीय हाथी, जंगली भँइस, आ दलदली हरिना सभ के मजिगर आबादी बाटे।[3] काजीरंगा के बर्डलाइफ इंटरनेशनल द्वारा चिरई खाती महत्व के इलाका के रूप में चिन्हित कइल गइल बाटे। काजीरंगा पशु-पक्षी के संरक्षण में आपन महत्व के अस्थान रखे ला। हिमालय के पूरबी हिस्सा में मौजूद जीवबिबिधता हॉट-स्पॉट में होखे के कारन इहाँ बनस्पति आ जियाजंतु सभ के काफी बिबिधता मौजूद बाटे।

काजीरंगा के इलाका एगो बिसाल एरिया हवे जहाँ हाथी घास, दलदली क्षेत्र आ उष्णकटिबंधी नम चाकर पतई वाला बन पावल जालें; कुल चार गो नदी इहाँ से हो के बहे लीं जिनहन में ब्रह्मपुत्र सामिल बा, आ पार्क में कई गो छोट-छोट जलभंडार मौजूद बाड़ें। काजीरंगा कई ठे किताबन, गीत, आ डाकुमेंटरी सभ के मुख्य थीम रहल बाटे। ई आपन सउवाँ बरसी 2005 में मनवलस, एक अस्थापना एगो रिजर्व फारेस्ट के रूप में 1905 में भइल रहल। एही के नाँव पर ओरंग नेशनल पार्क के 'मिनी काजीरंगा' कहल जाला।

भूगोल[संपादन करीं]

काजीरंगा नेशनल पार्क के भूगोलीय लोकेशन 26°30' N से 26°45' N अक्षांश, आ 93°08' E से 93°36' E देशांतर के बीचा में बाटे। राजनीतिक बिभाजन में ई भारतीय राज्य आसाम के तीन गो जिला सभ में पड़े ला — नगाँव जिला के कालियाबोर सबडिवीजन, कार्बी आंगलोंग जिला के बोकाजान सबडिवीजन, आ गोलाघाट जिला के बोकाखात सबडिवीजन में।

पार्क के लंबाई पूरुब से पच्छिम दिसा में लगभग 40 किलोमीटर बाटे आ चौड़ाई उत्तर-दक्खिन दिसा में करीबन 13 किलोमीटर बा। काजीरंगा के कुल रकबा 387 वर्ग किमी बाटे जेकर लगभग 51.14 किमी2 हिस्सा हाल के सालन में नदी के कटान के चलते बह गइल बा।

काजीरंगा के उत्तर में आ पूरुब में ब्रह्मपुत्र नदी बहे ले जबकि एकरे दक्खिन में मोरा दिफू नदी बहे ले। एह पार्क के भीतर अउरी नदी सभ में दिफ्लू आ मोरा धनसिरी नदी प्रमुख बाड़ीं सऽ।

जिया जंतु[संपादन करीं]

काजिरंगा में 35 गो स्तनधारी प्रजाति सभ के प्रजनन के महत्व वाला आबादी बाटे।[4] एह पार्क में ई बिसेसता बा कि ई दुनिया के सभसे ढेर आबादी एक सींह वाला भारतीय गैंडा ( 2,401),[5][6] जंगली एशियाई पानी के भैंस (1,666)[7] आ पूरबी दलदल के हरिना बारहसिंगा (468)।[8] बड़हन शाकाहारी जीव सभ के महत्व के आबादी में भारतीय हाथी (1,940),[9] गौर (1300) आ सांबर (58) सामिल बाड़ें। छोट शाकाहारी जीव सभ में भारतीय मुंटजाक, जंगली सुअर आ हॉग हिरण सभ के सामिल बाड़ें।[[10][11] काजीरंगा में जंगली जल भैंस सभ के सभसे ढेर आबादी कहीं भी बाटे जे दुनिया के आबादी के लगभग 57% बाटे।[12] एक सींग वाला गैंडा, रॉयल बंगाल टाइगर, एशियाई हाथी, जंगली जल भैंस आ बारहसिंगा के सामूहिक रूप से काजीरंगा के 'बिग फाइव' के नाम से जानल जाला।

बनस्पति[संपादन करीं]

एह पार्क में चार गो मुख्य किसिम के वनस्पति मौजूद बाड़ी सऽ।[13] ई जलोढ़ से बाढ़ वाला घास के मैदान, जलोढ़ सवाना वुडलैंड, उष्णकटिबंधीय नम मिश्रित पतझड़ वाला जंगल आ उष्णकटिबंधीय अर्ध-सदाहरियर जंगल हवें। 1986 के लैंडसैट के डेटा के आधार पर, वनस्पति के हिसाब से प्रतिशत कवरेज ई बा: ऊँच घास 41%, छोट घास 11%, खुला जंगल 29%, दलदल 4%, नदी आ जल निकाय 8%, आ बालू 6%।[14]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Bhaumik, Subir (17 अप्रैल 2007). "Assam rhino poaching 'spirals'". BBC News. Archived from the original on 22 नवंबर 2008. Retrieved 2008-08-23.
  2. Dutt, Anonna (30 मार्च 2018). "Kaziranga National Park's rhino population rises by 12 in 3 years". हिंदुस्तान टाइम्स. Archived from the original on 27 April 2018.
  3. "Welcome to Kaziranga". Archived from the original on 30 April 2012. {{cite web}}: Cite has empty unknown parameter: |1= (help)
  4. "Wildlife in Kaziranga National Park". Kaziranga National Park Authorities. Archived from the original on 7 August 2008. Retrieved 2008-08-23.
  5. Hussain, Syed Zakir (10 August 2006). "Kaziranga adds another feather – declared tiger reserve". Indo-Asian News Service. Archived from the original on 3 April 2007. Retrieved 2008-08-23.
  6. "Archived copy" (PDF). Archived (PDF) from the original on 11 March 2012. Retrieved 2011-09-27.{{cite web}}: CS1 maint: archived copy as title (link)
  7. 'Wild buffalo census in Kaziranga', The Rhino Foundation for Nature in NE India, Newsletter No. 3, June 2001
  8. Rashid, Parbina (28 August 2005). "Here conservation is a way of life". The Tribune. Archived from the original on 30 September 2007. Retrieved 2008-08-23.
  9. "Elephant Survey in India" (PDF). Ministry of Environment and Forests, Government of India. 2005. p. 1. Archived from the original (PDF) on 15 January 2007. Retrieved 2008-08-23.
  10. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named un
  11. "Kaziranga National Park–Animal Survey". Kaziranga National Park Authorities. Archived from the original on 7 August 2008. Retrieved 2008-08-23.
  12. Choudhury, A.U. (2010) The vanishing herds: the wild water buffalo. Gibbon Books, Rhino Foundation, CEPF & COA, Taiwan, Guwahati, India
  13. Talukdar, B. (1995). Status of Swamp Deer in Kaziranga National Park. Department of Zoology, Guwahati University, Assam.
  14. Kushwaha, S.& Unni, M. (1986). Applications of remote sensing techniques in forest-cover-monitoring and habitat evaluation—a case study at Kaziranga National Park, Assam, in, Kamat, D.& Panwar, H.(eds), Wildlife Habitat Evaluation Using Remote Sensing Techniques. Indian Institute of Remote Sensing / Wildlife Institute of India, Dehra Dun. pp. 238–247